Share Market: घरेलू शेयर बाजार के हरियाली फेर लवटल; सुरुआती कारोबार में सेंसेक्स-निफ्टी उछलल

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 27, 2025

बिजनेस डेस्क : बीतल दिन लाल निशान पs बंद के बाद घरेलू शेयर बाजार नया दिन के सुरुआत सकारात्मक रुख के संगे कइलें। आज लगातार नवां कारोबारी दिन बाजार हरियर निशान पs खुलल। सुरुआती कारोबार

Share

Sensex : सेंसेक्स

बिजनेस डेस्क : बीतल दिन लाल निशान पs बंद के बाद घरेलू शेयर बाजार नया दिन के सुरुआत सकारात्मक रुख के संगे कइलें। आज लगातार नवां कारोबारी दिन बाजार हरियर निशान पs खुलल। सुरुआती कारोबार में सेंसेक्स 202.83 अंक चढ़के 77,491.33 अंक पs पहुंचल, जबकि निफ्टी 48.65 अंक चढ़के 23,535.50 अंक पs करोबार करत लउकल। एकरा अलावे सुरुआती कारोबार में अमेरिकी डॉलर के मुकाबला रुपिया 20 पईसा गिरके 85.90 डॉलर पs आ गइल।

एकरा पहिले बीतल दिन घरेलू शेयर बाजार में हरियाली बरकरार रहल रहे। हालांकि, बाद में बाजार लाल निशान पs बंद भइल रहे। घरेलू शेयर बाजार के बेंचमार्क सूचकांक पिछला सात दिनन के बढ़त के बाद बुध के लाल निशान पs बंद भइल रहे। 30 शेयरन वाला बीएसई सेंसेक्स 728.69 अंक भा 0.93 प्रतिशत गिरके 77,288.50 अंक पs बंद भइल रहे। कारोबार के दौरान ई 822.97 अंक भा 1.05 प्रतिशत गिरके 77,194.22 अंक पs आ गइल रहे। एनएसई निफ्टी 181.80 अंक भा 0.77 प्रतिशत गिरके 23,486.85 पs आ गइल रहे। अमेरिकी डॉलर के मुकाबला रुपिया 3 पईसा बढ़के 85.69 (अनंतिम) के स्तर पs बंद भइल रहे।

सेंसेक्स के 30 शेयरन के हाल

निफ्टी के टॉप गेनर्स आ टॉप लूजर्स शेयर

Read Also: 27 मार्च 2025 के राशिफल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.