Share Market : घरेलू शेयर बाजार में हरियाली, बढ़त के संगे खुलल सेंसेक्स आ निफ्टी

By Anurag Ranjan

Published on: May 20, 2025

बिजनेस डेस्क: वैश्विक बाजारन में मजबूत रुझान आ आईटी शेयरन में खरीदारी के बीच दु दिनन के गिरावट के बाद मंगर के सुरुआती कारोबार में शेयर बाजार में हरियाली लउकल। इक्विटी बेंचमार्क सूचकांक सेंसेक्स आ

Share

शेयर बाजार

बिजनेस डेस्क: वैश्विक बाजारन में मजबूत रुझान आ आईटी शेयरन में खरीदारी के बीच दु दिनन के गिरावट के बाद मंगर के सुरुआती कारोबार में शेयर बाजार में हरियाली लउकल। इक्विटी बेंचमार्क सूचकांक सेंसेक्स आ निफ्टी में उछाल देखल गइल। 30 शेयरन वाला बीएसई बेंचमार्क सूचकांक सेंसेक्स सुरुआती कारोबार में सकारात्मक सुरुआत के बाद 191 अंक चढ़के 82,250.42 अंक पs पहुंच गइल। अइसही एनएसई निफ्टी 64.9 अंक बढ़के 25,010.35 अंक पs आ गइल।

सेंसेक्स के 30 शेयरन के हाल

एनएसई के टॉप गेनर्स और टॉप लूजर्स शेयर

केकरा फायदा-केकरा नुकसान?

सेंसेक्स के कंपनियन में टाटा स्टील, इंफोसिस, टेक महिंद्रा, आईटीसी, टाटा कंसल्टेंसी सर्विसेज, एक्सिस बैंक, इंडसइंड बैंक आ एशियन पेंट्स सबसे जादे फायदा में कारोबार करत दिखाई देलस। पावर ग्रिड, एचडीएफसी बैंक, बजाज फाइनेंस, रिलायंस इंडस्ट्रीज, टाइटन आ नेस्ले लाल निशान पs देखल गए। एक्सचेंज डेटा के अनुसार, सोमार के बिदेसी संस्थागत निवेशक (एफआईआई) 525.95 करोड़ रुपिया के शेयर बेचल लोग।

एशियाई और अमेरिकी बाजारों का हाल

एशियाई बाजारन में दक्षिण कोरिया के कोस्पी, जापान के निक्केई 225 इंडेक्स, शंघाई के एसएसई कंपोजिट इंडेक्स आ हांगकांग के हैंग सेंग सकारात्मक रुख के संगे कारोबार करत रहे। सोमार के अमेरिकी बाजार बढ़त के संगे बंद भइल।

क्या कहते हैं विशेषज्ञ?

जियोजित इन्वेस्टमेंट्स लिमिटेड के मुख्य निवेश रणनीतिकार वीके विजयकुमार कहलें, ‘निकट भविष्य में बाजार के इस्थिरता के ओर जाये के संभावना बा। उच्च मूल्यांकन से तेजी पs लगाम लागी आ संस्थागत बिकवाली बढ़ी। ई सोमार के संस्थागत गतिविधि से स्पष्ट रहे, जब एफआईआई आ डीआईआई (घरेलू संस्थागत निवेशक) दुनुए मामूली रूप से बिकवाली करत रहे।’

Read Also: Beating Retreat: आज से अटारी सहित तीनो बॉर्डर पs फेर सुरू होई रिट्रीट सेरेमनी, आम जनता हो सकी सामिल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.