[the_ad_group id="30365"]

छोटकी पलिया में विधायक निधि से बनल सीसी सड़क के लोकार्पण, विकास के मिलल गति

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बरहज (देवरिया)/अखिलेश कुमार सिंह: बरहज विधानसभा क्षेत्र के छोटकी पलिया गांव में विधायक निधि से बनल 280 मीटर लमहर सीसी सड़क के लोकार्पण स्थानीय विधायक दीपक मिश्रा शाका कइलें। ई सड़क दिनेश मल्ल के घर से होत सोहन खरवार आ पारस के मकान तक बनावल गइल बा।

हमनी के सरकार जाति, धर्म आ मजहब से ऊपर उठके काम करेले : दीपक मिश्रा

कार्यक्रम में उपस्थित ग्रामीणन के संबोधित करत विधायक दीपक मिश्रा शाका कहलें “हमनी के सरकार जाति, धर्म आ मजहब से ऊपर उठके काम करेले। ‘सबकर साथ, सबकर विकास’ के नीति पs चलके क्षेत्र के समग्र विकास खातिर हमनी के कटिबद्ध बानी सs।”

विधायक इहो आश्वासन देलें कि आवे वाला समय में क्षेत्र के सब सड़कन के दुरुस्त कइल जाई।

स्थानीय लोग जतावल आभार

गांव के गुलाब प्रसाद, पिंटू मल्ल, संजय मल्ल, खूब लाल खरवार, दिनेश मल्ल, रघुपति प्रसाद, पुष्पा, सीमा, शशिकला देवी आ सरोज देवी एह सड़क निर्माण खातिर विधायक के आभार जतावल लो।

कार्यक्रम के आयोजन अनुपम मिश्रा द्वारा कइल गइल। एह दौरान प्रधान संघ अध्यक्ष ऋषिनाथ मिश्रा, शिवेंद्र राव, अमर मिश्रा, निहाल मिश्रा, शिवम पांडेय, सोनू मिश्रा, अभिषेक मिश्रा बिट्टू, राहुल मल्ल, राहुल मिश्रा, मोनू मिश्रा, अमित मिश्रा पहाड़ी सहित कइयन लोग उपस्थित रहल।

Read Also: Pakistan: भारत में इमरान खान, बिलावल भुट्टो के ‘एक्स’ अकाउंट ब्लॉक; पहलगाम हमला के बाद बढ़त तनाव के बीच फैसला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]