Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Sharad Yadav Passed Away: पूर्व केंद्रीय मंत्री शरद यादव के भइल निधन, उनकरी पैतृक गांव में होई अंतिम संस्कार

वरिष्ठ नेता अउरी जनता दल (यूनाइटेड) के पूर्व अध्यक्ष शरद यादव के बीयफ़ें रात के निधन हो गइल। उ गुरुग्राम के एगो निजी अस्पताल में अंतिम सांस लीहन। शरद यादव यादव 75 वर्ष के रहने ह। पूर्व केंद्रीय मंत्री यादव के परिवार में उनकर पत्नी, एगो बेटी और एगो बेटा रहने।

709
शरद यादव:राजनीति के कबीर,फोटो:सोशल मीडिया

 

Sharad Yadav Passed Away: पूर्व केंद्रीय मंत्री शरद यादव के भइल  निधन, उनकरी पैतृक गांव में होई अंतिम संस्कार

वरिष्ठ नेता अउरी जनता दल (यूनाइटेड) के पूर्व अध्यक्ष शरद यादव के बीयफ़ें रात  के निधन हो गइल। उ गुरुग्राम के एगो निजी अस्पताल में अंतिम सांस लीहन। शरद यादव यादव 75 वर्ष के रहने ह। पूर्व केंद्रीय मंत्री यादव के परिवार में उनकर पत्नी, एगो बेटी और एगो बेटा रहने।

2022 में आपन पार्टी के मिला लेले रहने
बिहार के मुख्यमंत्री अउर जद (यू) नेता नीतीश कुमार  के द्वारा 2013 में भारतीय जनता पार्टी से नाता तोड़े के फैसला कइने । पहले उ भाजपा नीत राष्ट्रीय जनतांत्रिक गठबंधन के संयोजक  रहले । बादे में उ आपन पार्टी  बनवले। उ 2022 में आपन पार्टी के राष्ट्रीय जनता दल में मिला लेले रहने ।

केंद्र के वीपी सिंह अउरी वाजपेयी सरकार में मंत्री रहने
शरद यादव  1989 में वीपी सिंह नीत सरकार में मंत्री रहने। उ 90 के दशक के अंत में अटल बिहारी वाजपेयी के नेतृत्व वाला सरकार में भी मंत्री के रूप में कार्यभार संभलने। 1990 में बिहार के मुख्यमंत्री बनन लालू प्रसाद यादव के एक समय उनकर समर्थन प्राप्त रहें।

07:40 AM, 13-JAN-2023

प्रमुख समाजवादी नेता रहने शरद यादव
शरद यादव के जन्म एक जुलाई 1947 को मध्य प्रदेश के होशंगाबाद के बंदाई गांव के एगो किसान परिवार में भइल रहें। शरद यादव एगो प्रमुख समाजवादी नेता रहने। उ 70 के दशक में कांग्रेस के खिलाफ मोर्चा खोल के चर्चा में आइल रहने। उ ललोकदल अउरी जनता पार्टी से टूट के बनल पार्टियन में रहने।

परिजनों ने छतरपुर स्थित उनके आवास प श्रद्धांजलि देन
पूर्व केंद्रीय मंत्री जदयू नेता शरद यादव के परिजन  छतरपुर स्थित उनकरी आवास प उनके श्रद्धांजलि देन। उनकर काल राती गुरुग्राम के एगो निजी अस्पताल में निधन हो  भइल।

पीएम  जतउन दुःख
प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी, यादव के निधन पर शोक जतउन। पीएम मोदी ने एगो ट्वीट में कहनें कि शरद यादव के निधन से दुखी  बानी। सार्वजनिक जीवन में अपने लंबा वर्ष में उ खुद के सांसद अउरी मंत्री के रूप में प्रतिष्ठित कइन। उ डॉ. लोहिया के आदर्शन से बहुत प्रेरित रहने। हम हमेशा आपन बातचीत के संजोके रखब। उनकरी परिवार और प्रशंसकों के प्रति हमार संवेदना बा।

पार्थिव देह के मध्य प्रदेश में उनका पैतृक गांव ले जाइल जाई

शरद यादव के दामाद राज कमल राव  बतवलें कि उनके कार्डियक अरेस्ट आइल रहे, हमनी के उनका के अस्पताल ले गइनी। ओहिजा पहुंचला के बाद डॉक्टरन के टीम  उनका के मृत घोषित कई देलस। उनका किडनी के समस्या रहे आ उ डायलिसिस पs रहलें। उनका पार्थिव देह के मध्य प्रदेश में उनका पैतृक गांव ले जाइल जाई, जहां  उनकरअंतिम संस्कार के क्रियाकर्म होई।

Sharad Yadav Passed Away: पूर्व केंद्रीय मंत्री शरद यादव के पैतृक गांव में होई अंतिम संस्कार

वरिष्ठ नेता अउरी जनता दल (यूनाइटेड) के पूर्व अध्यक्ष शरद यादव के गुरुवार रात निधन हो गइल। उनका गुरुग्राम के एक निजी अस्पताल में अंतिम सांस ली। शरद यादव 75 बरिस के रहले। पूर्व केंद्रीय मंत्री यादव के परिवार में उनकी पत्नी, एक बेटी और एक बेटा है।

फोर्टिस मेमोरियल रिसर्च इंस्टीट्यूट आपन बयान जारी कई के बतवलस कि शरद यादव के अचेत अवस्था में आपातकालीन वार्ड में ले आवल गईल रहे। जांच के बेरा उनकर नाड़ी ना चलत रहे।इलाज के मए परयास नाकाम रहे। रात 10.19 बजे उनका मृत घोषित कर दिहल गइल।

 

शरद यादव के 75 बारिस मे भइल निधन
437210cookie-checkSharad Yadav Passed Away: पूर्व केंद्रीय मंत्री शरद यादव के भइल निधन, उनकरी पैतृक गांव में होई अंतिम संस्कार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.