[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर के शहर-ए-काजी मौलाना मुफ्ती मुहम्मद वलीउल्लाह के  निधन: सांस लेवे में परेसानी के लेके निजी अस्पताल में भर्ती रहलें

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर के शहर ए काजी मौलाना मुफ्ती मुहम्मद वलीउल्लाह 96 साल के उमिर में एह दुनिया के अलविदा कह देले बाड़ें।

गोरखपुर के तुर्कमानपुर निवासी मौलाना मुफ्ती मुहम्मद वलीउल्लाह उर्दू, अरबी, फरसी के अच्छा जानकार रहल बाड़ें। मौलाना मुफ्ती मुहम्मद वलीउल्लाह खूनीपुर इस्थित मदरसा अंजुमन इस्लामिया में उर्दू के तालीम देत रहल बाड़ें।

आज कइल जाई सुपुर्दे खाक

आज माने 28 जून के नमाज जुमा उर्दू बाजार के जामा मस्जिद में जनाजा के नमाज अदा कइल जाई। ओकरा बाद हजरत मुबारक खां शहीद कब्रिस्तान में उनका के सुपुर्दे खाक कइल जाई।

ऑक्सीजन लेवल गिरल

मौलाना वालीउल्लाह के कुछ दिनन पहिले तबीतय खराब हो गइल रहे। एकरा बाद उनका घर के लोग उनका के एगो प्राइवेट अस्पताल में एडमिट कइले रहस। डॉक्टर्स के मोताबिक, उनका सांस लेवे में परेसानी होत रहे। उनका ऑक्सीजन लेवल में गिरावट दर्ज कइल गइल रहे। उनका तबीयत के देखत आईसीयू में रखल गइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]