[the_ad_group id="30365"]

IND vs PAK: BCCI सचिव जय शाह प भड़कले शाहिद अफरीदी, एशिया कप 2023 के न्यूट्रल जगह करावे प देले बयान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतीय क्रिकेट टीम अगिला साल एशिया कप (Asia Cup 2023) खातिर पाकिस्तान ना जाई। मंगर के बीसीसीआई सचिव जय शाह अगिला साल एशिया कप में पाकिस्तान दौरा ना करे के बात कहले बाड़े। एकरा बादे से पाकिस्तान बौखलाइल बा, ओकरा ओर से तरे-तरे के बयानबाजी देखे के मिल रहल बा। एह बीच पाकिस्तान के पूर्व कप्तान शाहिद अफरीदियो एगो बड़ बयान देले बाड़े। ऊ कहले कि ‘भारत में क्रिकेट प्रशासन में अनुभव के कमी देखावत बा।’

भारत में क्रिकेट प्रशासन में अनुभव के कमी: अफरीदी

शाहिद अफरीदी ट्विटर प लिखले कि ‘जब पिछला 12 महीना से दुनो टीमन के बीच उत्कृष्ट मेलजोल स्थापित भइल बा जवना से दुनो देश अच्छा फील-गुड फैक्टर पैदा कइले बा, त बीसीसीआई सचिव वर्ल्डकप के साँझ के एह तरे के बयान काहे दे रहल बाड़े? ई भारत में क्रिकेट प्रशासन में अनुभव के कमी दर्शावत बा।’असल में, बीतल मंगर के जय शाह कहले कि अगिला साल पाकिस्तान में होखे वाला एशिया कप खातिर टीम इंडिया पाकिस्तान के दौरा ना करी। बलुक भारत न्यूट्रल वेन्यू प खेले जा सकत बा।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]