[the_ad_group id="30365"]

रतन टाटा समेत कई दिग्गज लोग बनल ट्रस्टी, एह उद्योगपतियन के सलाहकार समूह में मिलल जगह

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी मंगर के पीएम केयर्स फंड के न्यासी मंडल के साथ एक बैठक कइलें। एह बैठक के दौरान न्यासियन के कोविड काल में एह कोष के आगे बढ़ावे खातिर निभावल गइल भूमिका के सराहना कइल गइल। जबकि प्रधानमंत्री मोदी पीएम केयर्स में दिल खोल के योगदान देवे खातिर देशवासियन के प्रशंसा कइलें।

पीएमओ के मुताबिक बैठक में ई चर्चा कइल गइल कि न सिर्फ राहत सहायता बल्कि शमन उपाय अउर क्षमता निर्माण के जरिए भी पीएम केयर्स के लग्गे आपातकालीन अउरी संकट के स्थितियन प्रभावी ढंग से जवाब देवे के एगो बड़ दृष्टिकोण बा। एह बैठक में केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह, वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण, उच्चतम न्यायालय के पूर्व न्यायाधीश के टी थॉमस, लोकसभा के पूर्व उपाध्यक्ष करिया मुंडा अउरी टाटा सन्स के मानद अध्यक्ष रतन टाटा शामिल भइलें।

रतन टाटा समेत ई दिग्गज पीएम केयर्स फंड के नयका ट्रस्टी के रूप में नामित

उहवें बैठक के बाद केंद्र सरकार एगो आधिकारिक बयान जारी कs के कहलस कि उद्योगपति अउर टाटा संस के मानद चेयरमैन रतन टाटा, सुप्रीम कोर्ट के पूर्व न्यायाधीश केटी थॉमस अउर पूर्व डिप्टी लोकसभा स्पीकर करिया मुंडा सहित प्रमुख हस्तियन के पीएम केयर्स फंड के ट्रस्टी के रूप में नामित कइल गइल।

सलाहकार बोर्ड में ई उद्योगपति लोग शामिल

भारत के पूर्व नियंत्रक अउरी महालेखा परीक्षक राजीव महर्षि, इंफोसिस फाउंडेशन के पूर्व अध्यक्ष सुधा मूर्ति अउर इंडी कोर्प्स अउरी पीरामल फाउंडेशन के पूर्व कार्यकारी अधिकारी आनंद शाह के पीएम केयर्स फंड के सलाहकार बोर्ड में मनोनीत कइले के फैसला लिहल गइल।

अमित शाह, निर्मला सीतारमण समेत कई दिग्गज लोग रहल मौजूद

बैठक के दौरान कोविड-19 के चलत अपने परिजन लोग के हाथ धो बइठल 4,345 बच्चन के मदद करे वाले पीएम केयर्स फॉर चिल्ड्रेन सहित पीएम केयर्स के मदद से शुरु कइल गइल कई पहलू के बारे में प्रस्तुति देहल गइल।

दिल खोल के योगदान करे खातिर पीएम मोदी देशवासियन के सरहलें

पीएमओ के मुताबिक, प्रधानमंत्री कहलें कि नयका न्यासियन अउरी सलाहकारन के भागीदारी से पीएम केयर्स फंड के कार्यप्रणाली के व्यापक दृष्टिकोण मिली। उ कहलें कि सार्वजनिक जीवन में उनकर व्यापक अनुभव, एह कोष के कई सार्वजनिक आवश्यकता के प्रति अधिक उत्तरदायी बनावे में अउरी अधिक उत्साह प्रदान करी।

बता दीं कि कोविड-19 महामारी के फइलला के बाद सरकार एहसे उत्पन्न कौनो भी प्रकार के आपातकालीन चाहे संकटपूर्ण स्थिति से निपटे खातिर पीएम केयर्स फंड के स्थापना कइले रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]