बिहार के 13 जिलन में बाढ़ के अलर्ट, गंडक समेत कई नदियन के बढ़ल जलस्तर, जानीं ताजा अपडेट

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 28, 2024

  पिछला दू दिन से नेपाल आ बिहार में भइल मूसलाधार बरखा के चलते राज्य के 13 जिला में बाढ़ के खतरा बा. जल संसाधन विभाग आ आपदा विभाग के कहनाम बा कि नेपाल में

Share

बिहार के 13 जिलों में बाढ़ का अलर्ट: फोटो

 

पिछला दू दिन से नेपाल आ बिहार में भइल मूसलाधार बरखा के चलते राज्य के 13 जिला में बाढ़ के खतरा बा. जल संसाधन विभाग आ आपदा विभाग के कहनाम बा कि नेपाल में लगातार होखत भारी बरखा के चलते अगिला 24 घंटा के दौरान गंडक, कोशी, महानंदा समेत बिहार के बहुत नदी में पानी के स्तर बढ़े के संभावना बा।

आपदा विभाग बिहार के 13 जिला में बाढ़ के चेतावनी जारी कs देले बा। पश्चिम चंपारण, पूर्वी चंपारण, सीतामढी, शिवहर, मुजफ्फरपुर, गोपालगंज, सिवान, सारण,वैशाली, पटना, जहानाबाद, मधुबनी आ भोजपुर प्रशासन के सतर्क रहे के निर्देश दिहल गइल बा.  शिवहर में बागमती नदी के जलस्तर में काफी बढ़ोतरी भईल बा। एकरा चलते तटबंध पs पानी के दबाव बढ़ गईल बा। बाढ़ के पानी बरही गांव में घुस गईल बा।

निचला इलाका में बाढ़ के पानी भरे लागल

जानकारी के मुताबिक नेपाल से सटल बिहार के जिला में नदी के बाढ़ बा। नरकटियागंज, गोपालगंज, सहरसा आदि इलाकन के निचला इलाका में पानी के प्रवेश शुरू हो गइल बा। सहरसा, बीरपुर, सुपौल अवुरी आसपास के सभ जिला अवुरी तटबंध पs मौजूद सभ अधिकारी भी सतर्क बाड़े। तटबंध के नजदीक रहेवाला लोग से ऊँच जगह पs जाए के अपील कईल जाता।

बतावल जाता कि नेपाल में भारी बरखा के बाद गोपालगंज के गंडक नदी के जलस्तर तेजी से बढ़ रहल बा। निचला इलाका में पानी के प्रवेश शुरू हो गईल बा। एही बीच डीएम मोहम्मद मकसूद आलम सत्तर घाट, जीरो माइल अवुरी सारण तटबंध के सुरक्षा के जायजा लेले बाड़े। डीएम बतवले कि तटबंध के निचला इलाका में रहेवाला लोग से ऊँच जगह पs बनल सामुदायिक रसोईघर में जाए के अपील कईल गईल बा। बाढ़ से जुड़ल हर हालात से निपटे खातिर जिला प्रशासन तइयार बा.

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.