[the_ad_group id="30365"]

गृह मंत्री अमित शाह के सुरक्षा में चूक! अपना के आंध्र प्रदेश के सांसद के पीए बता के एगो आदमी तूर देहलस घेरा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गृह मंत्री अमित शाह के सोमार के मुंबई दौरा के दौरान सुरक्षा में बड़ चूक के मामिला सामने आइल बा। मुंबई में एगो आदमी घण्टा उनके आसपास घूमता रहल। उ अपना के आंध्र प्रदेश के एगो सांसद के पीए बतवले रहल।

मामला में मुंबई पुलिस महाराष्ट्र के धुले जिला के हेमंत पवार के गिरफ्तार कइलें बा। ओकरे लग्गे गृह मंत्रालय के परिचय पत्र भी रहल ऊ महाराष्ट्र के सीएम अउरी डिप्टी सीएम के आवास के बाहर भी लउकल रहल। आरोपी हेमंत पवार के पुलिस कोर्ट में पेश कइलस। कोर्ट ओके पांच दिन के पुलिस हिरासत में सउपले बा।

अमित शाह दू दिनी मुंबई यात्रा के दौरान सोमार के ‘लालबागचा के राजा‘ के दर्शन करे गइल रहलें। एही दौरान पवार पर गृह मंत्रालय के एगो अधिकारी की नजर पड़ल त ऊ मुंबई पुलिस के एकर जानकारी दिहलें। एह पर आरोपी के तुरंत गिरफ्तार कर लिहल गइल। आरोपी के गिरगांव कोर्ट पांच दिन के हिरासत में पुलिस के सौंप दिहलस। पवार से पूछताछ जारी बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]