[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर में बर्खास्त शिक्षक समेत चार जालसाजन पर 15-15 हजार के इनाम भइल घोषित

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर जिला के चौरीचौरा के सरदारनगर ब्लॉक के प्राथमिक विद्यालय महुआ बुजुर्ग में तैनात फर्जी शिक्षक सुरेश कुमार समेत चार जालसाजन पर एसएसपी 15-15 हजार रुपया के इनाम घोषित कइले बाड़ें। आरोपियन के जल्द गिरफ्तार कइले के आदेश भी एसएसपी जारी क देहले बानें।

एसएसपी चौरीचौरा थाना में दर्ज केस में फरार आरोपी सलेमपुर, देवरिया निवासी सुरेश कुमार, गोला थाने के आरोपी अउरी रद्युनाथपुर निवासी विनोद सम्राट, नगवा निवासी रत्नेश राय अउरी सिधारीपुर निवासी रविंद्र कुमार पर इनाम घोषित कइले बानें। जानकारी के मुताबिक, सुरेश अउरी रविंद्र एक साल से फरार चल रहल बानें।

देवरिया जनपद के थाना सलेमपुर निवासी सुरेश कुमार कई साल से फर्जी कागजात के जरिए सहायक अध्यापक के नौकरी करत रहलें। एकर शिकायत होखले पर बीएसए के ओर से अखिलेखन के जांच करावल गइल रहे। जांच में अभिलेख फर्जी मिलला पर विभाग सुरेश के बर्खास्त कs देहले रहे। बाद में केस दर्ज भइल रहे अउरी तब्बे से आरोपी फरार बानें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]