[the_ad_group id="30365"]

लखनऊ में 10 अक्तूबर ले धारा 144 लागू, कोविड नियमन के पालन कइल बा जरूरी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लखनऊ में आगामी त्यौहार के देखत 10 अक्तबूर ले धारा 144 लागू कs दीहल गइल बा। जेसीपी पीयूष मोर्डिया के मुताबिक 17 सितंबर के विश्वकर्मा पूजा अउरी चेहल्लुम, गांधी जयंती, रामनवमी, विजय दशमी समेत दूसर कई त्यौहार शामिल बा। 19 सितंबर से विधानसभा सत्र शुरू होई। एकरे चलते शहर में शांति व्यवस्था बनल रहे के चाहीं। अइसन में शहर में धारा 144 लागू कइल जा रहल बा।

जेसीपी पीयूष मोर्डिया बतवलें कि कोविड के दौरान शासन के ओर से जारी कइल गइल गाइड लाइन के पालन करवावल जाई। उ बतवलें कि विधानसभा सत्र के दौरान विधानभवन के आसपास ट्रैक्टर ट्रॉली, घोड़ागाड़ी, बैलगाड़ी, भैंसागाड़ी, तांगा, ज्वलनशील पदार्थ, सिलेंडर, हथियार समेत अन्य सामान ले के आवागमन एकदम प्रतिबंधित रही।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]