Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

मशरक थाना पुलिस बालू लदल 10 गो ट्रक कइलस जब्त 3 चालक गिरफ्तार

247

मशरक/धर्मेंद्र कुमार सिंह। मशरक थाना पुलिस अतवार के बालू लदल ट्रक के खिलाफ चलावल जा रहल अभियान के तहत अलग-अलग जगहन प टोटल 10 गो ट्रक आ 3 गो चालक के गिरफ्तार क लेलस। ममिला में मढ़ौरा डीएसपी इंद्रजीत बैठा अतवार के बतवले कि जिलाधिकारी सारण के आदेश के मोताबिक सीओ रविशंकर पांडेय आ थानाध्यक्ष रितेश कुमार मिश्रा के संगे पुलिस दल के मवजुदगी में मशरक के चन्देश्वर मोड़ आ लखनुपर गोलंबर प अभियान चलावल गइल।

जेमे चन्देश्वर मोड़ प बिना चालान आ ओवरलोड 7 ट्रक आ 1 चालक आ लखनुपर गोलंबर प 3 ट्रक आ 2 ट्रक चालक के गिरफ्तार क लिहल गइल। ममिला में मढ़ौरा डीएसपी इंद्रजीत बैठा बतवले कि पकड़ल गइल सब ट्रकन पs अवैध खनन आ परिवहन के नियम के तहत विधि सम्मत कार्यवाही कइल जाई।

327870cookie-checkमशरक थाना पुलिस बालू लदल 10 गो ट्रक कइलस जब्त 3 चालक गिरफ्तार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.