[the_ad_group id="30365"]

Train News: छठ परब से पहिलही भरे लागल पूर्वांचल आ बिहार के ट्रेनन के सीट, रेलवे चलाई कइयन गो स्पेशल ट्रेन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दीपावली के बाद छठ परब के मनावे खातिर बड़ संख्या में शहर में रहे वाला लोग पूर्वांचल आ बिहार जाये के तैयारी सुरू कs देले बा लो। बिहार आ पूर्वांचल के ओर जाये वाली कृषक एक्सप्रेस, ग्वालियर-बरौनी एक्सप्रेस जइसन कुछ ट्रेनन में तs वेटिंग आ गइल बा। हालांकि लखनऊ-गोरखपुर इंटरसिटी, वंदे भारत एक्सप्रेस में सीट अभियो खाली बा। अबकी बेर छठ परब 17 से 19 नवंबर तक मनी।

उत्तर रेलवे मुख्यालय आ पूर्वोत्तर रेलवे मुख्यालय के बिहार आ पूर्वांचल के ओर जाये वाली ट्रेनन में अतिरिक्त बोगियन के लगावे के आदेस दिहल गइल बा। रेलवे अलग-अलग ट्रेनन के वेटिंग लिस्ट के देखत 13 अतिरिक्त बोगियन के बेवस्था करी। एमे इंटरसिटी ट्रेनन में लागे वाला एसी चेयरकार, सेकेंड सीटिंग क्लास, जनरल बोगियो सामिल बा। आठ स्लीपर आ चार एसी थर्ड के अतिरिक्त बोगियन के बेवस्था करेंके आदेसो रेलवे मुख्यालय देले बा। एच बीच रेलव छठ पर्व स्पेशल ट्रेनन के चलावे के आदेसो देले बा। छठ परब पs 14 नवंबर से ट्रेनन में वेटिंग बढ़ रहल बा। एह तिथियन में कइयन ट्रेनन में आरएसी आ गइल बा।

स्पेशल ट्रेनन में मिली सीट

रेलवे ट्रेन नंबर 02570 नई दिल्ली-डिब्रूगढ़ स्पेशल आ 02564 नई दिल्ली-बरौनी स्पेशल के फीडिंग कs देले बा। एह स्पेशल ट्रेनन के संगे लखनऊ जंक्शन-गोरखपुर इंटरसिटी एक्सप्रेस के एडवांस रिजर्वेशन एक महीना पहिले होला। एही तरे मैलानी-गोरखपुर एक्सप्रेस के स्लीपर आ एसी में, ऐशबाग-गोरखपुर एक्सप्रेस, लखनऊ जंक्शन-बरौनी एक्सप्रेस में सीट खाली बा। लखनऊ से गोरखपुर जाये वाली कृषक एक्सप्रेस के स्लीपर में 15 से 17 नवंबर तक वेटिंग बा। गोरखपुर हमसफर में 14 नवंबर के एसी थर्ड में वेटिंग 79 बा। हालांकि एसी थर्ड में सीट उपलब्ध बा।

बिहार के ट्रेनन में बा भीड़

बिहार आ पूर्वोत्तर राज्यन के ओर जाये वाली ट्रेनन में वेटिंग सबसे जादे बा। लखनऊ होके डिब्रूगढ़ जाये वाली राजधानी एक्सप्रेस के एसी क्लास में वेटिंग बा, ओहिजा 17 नवंबर के इस्थिति रिग्रेट बा। लखनऊ जंक्शन-पाटलिपुत्र एक्सप्रेस के सेकेंड सीटिंग क्लास में वेटिंग 26 तक हो गइल बा। चेयरकार आ एसी थर्ड में वेटिंग बा। वैशाली एक्सप्रेस में वेटिंग 418, थर्ड एसी इकोनोमी में 38, एसी थर्ड में 220 से 252, एसी सेकेंड में 72 से 91 चल रही बा। मथुरा-छपरा एक्सप्रेस के सब क्लास में वेटिंग बा। ग्वालियर-बरौनी एक्सप्रेस में एसी थर्ड के16 नवंबर के इस्थिति रिग्रेट बा। स्लीपर आ एसी सेकेंड में कंफर्म सीट उपलब्ध नइखे। लखनऊ जंक्शन-बरौनी एक्सप्रेस, बाघ एक्सप्रेस आ उत्सर्ग एक्सप्रेसो में इहे इस्थिति बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]