[the_ad_group id="30365"]

शिकंजा: NIA दायर कइलस PFI से जुड़ल 11 आरोपियन के खिलाफ चार्जशीट दायर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राष्ट्रीय जांच एजेंसी एनआईए(NIA) पॉपुलर फ्रंट ऑफ इंडिया द्वारा आतंकवादी प्रशिक्षण शिविर के आयोजन अउर आतंकवादी गतिविधियन खातिर लोग के भर्ती से संबंधित हैदराबाद के एगो विशेष अदालत के सोझे बिहान 11 आरोपियन के खिलाफ चार्जशीट दायर कइलस। एह चार्जशीट में एह आरोपियन के खिलाफ गंभीर आरोप लगावल गइल बा। एनआईए कहलस कि एह साल चार जुलाई के तेलंगाना के निजामाबाद जिला में मामला दर्ज कइल गइल रहे अउर बाद में एनआईए 26 अगस्त के फिर से मामला दर्ज कइल गइल अउर कार्रवाई शुरू कइले रहे।

ई सब आरोपी भोले-भाले मुस्लिम लइकन के कट्टरपंथी बनावत रहनें सब- एनआईए

एनआईए के जांच से पता चलल बा कि ई सब आरोपी भोला-भाला मुस्लिम युवा लोग के कट्टरपंथी बनावत रहनें अउर उन्हें भारत सरकार के संगे-संगे दूसर संगठन अउर व्यक्तियन के खिलाफ नफरत अउर जहर भरल भाषण के जरिए पीएफआई में भर्ती करत रहनें। एक बेर पीएफआई में भर्ती होखले के बाद, उनके योग अउर शारीरिक शिक्षा कक्षा के आड़ में प्रशिक्षण शिविर में भेजल गइल, जहां उनके गला, पेट अउर सिर जइसन शरीर के अंग पर हमला कsके कौनो आदमी के मारे खातिर चाकू, दरांती अउर लोहा के छड़ के इस्तेमाल करे के प्रशिक्षण दिहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]