[the_ad_group id="30365"]

Dalai Lama: दलाई लामा कहलें- सामूहिक विनाश के हथियारन के खिलाफ एकजुट होखे समूचा दुनिया

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रसिद्ध बौद्ध विद्वान नागार्जुन पs प्रवचन से पहिले जापानी भक्त लोग मुलाकात कs के उनका के मशाल भेंट कs के आशीर्वाद लिहल लो। दलाई लामा कहलें कि ऊ प्रत्यक्ष देख सकत रहलें थे कि बम से केतना भारी तबाही भइल रहे।

बोधगया में तिब्बत के आध्यात्मिक नेता दलाई लामा सुक के दुनियाभर के लोगन से सामूहिक विनाश के हथियारन के खिलाफ एकजुट होखे के अपील कइलें। आपन उपदेश के दौरान दलाई लामा द्वितीय विश्व युद्ध के दौरान जापान में परमाणु बम से भइल तबाही के जिक्र कइलें अउर कहनें कि उनके हिरोशिमा गइले मौका मिलल रहे, जहवाँ ऊ देखने कि केतना बड स्तर पर विनाश भइल बा।

प्रसिद्ध बौद्ध विद्वान नागार्जुन पर प्रवचन से पूर्व जापानी भक्त लोग मुलाकात कs के उनके एक मशाल भेंटकर आशीर्वाद लिहलें। दलाई लामा कहनें कि ऊ सोझे देख सकत रहनें कि बम से केतना भारी तबाही भइल रहे…दुनिया के बहुत देश परमाणु हथियार बना लिहले बा, लेकिन साथही कई अइसन लोगो बानें, जौन एकर विरोध कर रहल बानें।

दलाई लामा कोविड महामारी के ले के भी चिंता व्यक्त कइलें। ऊ कहनें कि ई चीन में पैदा भइल लेकिन भारत अउर दुनिया के दुसरका हिस्सा में फैल गइल। ऊ कहने, ई महामारी नगदे गंभीर बा। ई लोग के चिंतित करsता। हम प्रार्थना करतनी ताकि ई शांत हो जाय।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]