[the_ad_group id="30365"]

SCO Meeting: एससीओ रक्षा मंत्रियन के बैठक आज, राजनाथ करिहें अध्यक्षता, आतंकवाद के खात्मा आ शांति पs जोर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

शंघाई सहयोग संगठन (एससीओ) के सदस्य देसन के रक्षा मंत्रियन के आज होखे वाली बैठक में क्षेत्रीय शांति, सुरक्षा, आतंकवाद पs अंकुश आ द्विपक्षीय संबंधन के मजबूत करे पs जोर रही। एह बैठक में हर देस आपन पक्ष रखी।

चीन के रक्षा मंत्री ली शांगफू, ताजिकिस्तान के रक्षा मंत्री कर्नल जनरल शेराली मिर्जो, ईरान के रक्षा मंत्री ब्रिगेडियर जनरल मोहम्मद रेजा घराई अस्तियानी आ कजाकिस्तान के रक्षा मंत्री कर्नल जनरल रसलान झाक्सिलिकोव सम्मेलन में सामिल होखे खातिर दिल्ली पहुंच चुकल बा लो। रूस के रक्षा मंत्री सर्गेई शोइगु आ उज्बेकिस्तान आउर किर्गिस्तान के ओह लोगन के समकक्ष, रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह के अध्यक्षता में होखे वाला सम्मेलन में भाग लिही लो।

एससीओ के सदस्य देस भारत, रूस, चीन, पाकिस्तान, किर्गिस्तान, कजाकिस्तान, तजाकिस्तान आ उजबेकिस्तान हs। सदस्य देसन के अलावे रक्षा मंत्रियन के एह सम्मेलन में बेलारूस आ ईरान सर्वेक्षक देस के तौर पs हिस्सा ले रहल बा। एह सम्मेलन में पाकिस्तान के रक्षा मंत्री ख्वाजा आसिफ वर्चुअल माध्यम से शिरकत करिहें। भारत एससीओ सम्मेलन 2023 के अध्यक्षता कर रहल बा। अबकी बेर भारत सिक्योर-एससीओ के नारा देले बा।

राजनाथ कजाखस्तान, ताजिकिस्तानी रक्षा मंत्रियन संगे रक्षा सहजोग पs कइलें वार्ता 

ओहिजा, रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह बियफे के एससीओ रक्षा मंत्रियन के बैठक के मवका पs कजाखस्तान आ ताजिकिस्तान के रक्षा मंत्रियन के संगे अलग-अलग द्विपक्षी बैठक कइलें। एगो आधिकारिक बयान के मोताबिक, कजाखस्तान के रक्षा मंत्री कर्नल जनरल रुसलान झाक्सिल्यकोव आ ताजिकिस्तान के रक्षा मंत्री कर्नल जनरल शेराली मिर्जो के संगे विचार-विमर्श के दौरान दुनो देसन के संगे भारत के रक्षा सहयोग के विस्तृत शृंखला के समीक्षा कइल गइल। एह दौरान पारस्परिक रूप से लाभप्रद सहजोग के विस्तार करे पs धेयान केंद्रित कइल गइल। बैठक में आपसी हित के आउर मुद्दन पs चरचा कइल गई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]