[the_ad_group id="30365"]

Sudan Crisis: ऑपरेशन कावेरी में एयर फोर्स के कमाल, अन्हार में उतरल सी-130 जे विमान 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रिपोर्ट्स के मोताबिक भारतीय वायुसेना अब तक लगभग 1200 लोगन के वापस ले आ चुकल बिया। एह दौरान इंडियन एयरफोर्स के हैरान कs देवे वाला रेस्क्यू ऑपरेशन सामने आइल जेमे सेना के सी-130 जे विमान बिना रोशनी के उतरल आ गर्भवती महिला समेत 121 भारतीयन के लेके आ गइल।

समाचार एजेंसी एएनआई के मोताबिक एह बारे में जानकारी देत वायुसेना बतवलस कि सूडान के राजधानी खार्तूम से लगभग 40 किमी. उत्तर में सईदना नाम के जगह बा। उहां एगो छोट हवाई पट्टी बा। इहां पs ना नेविगेशन के इंतजाम रहे, ना रोशनी के कवनो बेवस्था रहे। एकरा बावजूद सेना बहादुरी देखावत 121 भारतीयन के सुरक्षित निकललस। एकरा खातिर सेना के टेक्नोलॉजी काम आइल बा, जेमे ऊ नाइट विजन वाला चश्मा के इस्तेमाल कइलस।

 

ऑपरेशन कावेरी में हो रहल बा सी-130जे विमान का इस्तेमाल

एह पूरा ऑपरेशन के बारे में जानकारी देत वायुसेना कहलस, “27 आ 28 अप्रिल के रात के एगो साहसी ऑपरेशन चलावल गइल। भारतीय वायुसेना के C-130J विमान सईदना में एगो छोट हवाई पट्टी से 121 कर्मियन के बचवलस। एमे एगो गर्भवती महिला समेत स्वास्थ समस्यन से जूझ रहल लोग सामिल बा। ई जगह खार्तूम से 40 किमी. दूर उत्तर में बा। एह लोगन के लगे सूडान के पोर्ट पs पहुंचे के कवनो साधन ना रहे। ”

वायुसेना  आगे जानकारी साझा करत कहलस, “जवना हवाई पट्टी पs उतरे के रहे ओकर सतह खराब रहे। बिना नेविगेशन के आ सबसे बड़ बात कि उहां पs लैंडिंग लाइट्स (ई कवनो विमान के उतरे खातिर सबसे जरूरी बा) तक ना रहे।” ऊ लोग आगे बतावल, “हवाई पट्टी के ओर बढ़त एयरक्रू अपना इलेक्ट्रो-ऑप्टिकल/इन्फ्रा-रेड सेंसर के इस्तेमाल कइलस आ सुनिश्चित कइलस कि रनवे पs कवनो बाधा भा परेसानी तs नइखे। एकरा बाद एयरक्रू रात में नाइट विजन गॉगल्स के इस्तेमाल कs के आपन विमान उतार देलस।”

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]