[the_ad_group id="30365"]

झारखंड में 17 जून तक बंद रही स्कूल: राज्य के सब सरकारी आ निजी स्कूलन पs आदेस होई लागू, बढ़त गरमी के वजह से लिहल गइल निर्णय

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

झारखंड के सब स्कूलन के अब 17 जून तक बंद रखे के आदेस दिहल गइल बा। एसे पहिले 12 जून से आज माने 14 जून तक स्कूलन के बंद रखे के आदेस दिहल गइल रहे। हालांकि 17 जून तक स्कूल बंद करे संबंधी चिट्‌ठी जारी नइखे कइल गइल। विभाग द्वारा बेसी गरमी आ लू के देखत निर्णय लिहल गइल बा।

11 जून के आदेस कइल गइल रहे जारी

14 जून तक स्कूलन के बंद करे के आदेस शिक्षा सचिव के रवि कुमार देले रहस। ई आदेस 11 जून के जारी कइल गइल रहे। जारी आदेस में सचिव कहल रहस कि राज्य में बहुत जादे गरमी पड़ला आ लू के धेयान में राखत राज्य में संचालित सब कोटि के सरकारी, गैर-सरकारी सहायता प्राप्त/गैर सहायता प्राप्त (अल्पसंख्यक सहित) आ सब निजी विद्यालय 12 जून से बंद रहीं। फिलहाल स्कूल 14 जून तक बंद कइल गइल बा

छूटल सिलेबस के होई भरपायी

सचिव अपना पिछला आदेस में कहलें कि एह अवधि में लईकन के पढ़ाई में होखेवाली क्षति के भरपाई के संबंध में अलग से निर्णय लेत सूचित कइल जाई। अब दूसरका बेर स्कूलन में छूट्‌टी देवे के निर्णय लिहल गइल बा।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]