[the_ad_group id="30365"]

Sawan Special: सावन में घरे बईठले मिली बाबा विश्वनाथ के प्रसाद, होम डिलीवरी खातीर करे के होइ इ काम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

सावन के महीना में कवनो व्यक्ति घर में काशी विश्वनाथ मंदिर के प्रसाद मंगा सकेला। एकरा में डाक विभाग रउरा के मदद करी। डाकमास्टर जनरल कृष्ण कुमार यादव बतवले कि विभाग के स्पीड डाक सेवा के माध्यम से 251 रुपया के इलेक्ट्रॉनिक मनीआर्डर देश के कवनो कोना में घर के नजदीकी डाकघर में वरिष्ठ अधीक्षक डाकघर वाराणसी ( पूर्व) मंडल-221001 के बा।

उ बतवले कि एकरा अलावे वाराणसी सिटी डाकघर के काउंटर से भी प्रसाद के 201 रुपया में लिहल जा सकता। बक्सा में बंद प्रसाद एगो टेंपर प्रूफ इनवेलप में होई, जवना पs वाराणसी घाट पs जारी डाक टिकट के प्रतिकृति भी चिन्हित होई।

वरिष्ठ अधीक्षक डाक पूर्वी सर्किल राजन बतवले कि भक्त लोग के मोबाइल नंबर पs एसएमएस के माध्यम से स्पीड पोस्ट के विवरण मिली। एकरा खातिर ई-मनी ऑर्डर में आपन पूरा पता, पिन कोड अवुरी मोबाइल नंबर लिखे के होई।

इ सामग्री प्रसाद में बा

पोस्टमास्टर जनरल बतवले कि प्रसाद में श्री काशी विश्वनाथ ज्योतिर्लिंग छवि, महामृत्युंजय यंत्र, श्री शिव चालीसा, 108 दाने की रुद्राक्ष की माला, बेलपत्र, माता अन्नपूर्णा से भिक्षाटन मांगत, सिक्का, भभूति, रक्षा सूत्र, रुद्राक्ष मनका, मेवा, मिश्री के पैकेट आदि के शामिल कईल जाई।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]