[the_ad_group id="30365"]

Weather Update Today: दिल्ली में कब मिली उमस से राहत, मौसम विभाग देलस अपडेट; पढी आउर राज्यन के हाल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Weather Update Today: भारतीय मौसम विज्ञान विभाग (आईएमडी) बतवलस कि राष्ट्रीय राजधानी नई दिल्ली में बुध के उमस भरल गरमी से राहत मिल सकत बा। आईएमडी बतवलस कि राजधानी में आज बरखा होखला के संगही मौसम के मिजाज बदली। ओहिजा, सबेरे-सबेरे आसमान में बादल छाइल रहला से मौसम सुहावना बनल रही।

दिल्ली एनसीआर में बरखा के अलर्ट

आईएमडी बतवलस कि दिल्ली-एनसीआर के इलाकन में अगिला चार दिन तक बरखा हो सकत बा। एह दौरान, कहीं-कहीं गरज के संगे बरखा होई। मौसम विभाग बतवलस कि पांच से आठ जुलाई तक राजधानी में बरखा होई। आईएमडी के मो lताबिक, तापमान में कमी दर्ज होई आ एह चार दिन में न्यूनतम तापमान 26 से 27 डिग्री रही।

यूपी के कइयन जिलन में बरखा के चेतावनी

एने, उत्तर प्रदेश में भारी बरखा के चेतावनी जारी कइल गइल बा। मौसम विभाग पूर्वी अउर मध्य यूपी के करीब 40 जिलन में भारी बरखा के चेतावनी जारी कइल गइल बा। एह दौरान कहीं-कहीं आकाशीय बिजली गिरे के संभावना जतावल गइल बा। ओहिजा पूर्वी यूपी में अकाशीय बिजली के चपेट में आवे से 11 लोगन के मौत हो गइल।

बिहार में झमाझम हो रहल बा बरखा

बिहार में मानसून बरखा जमके बरस रहल बा। बिहार के राजधानी पटना सहित समूचा बिहार में मौसम सुहावना बनल बा। समूचा बिहार में पिछला चार दिनन से रुक-रुक के बरखा हो रहल बा। मौसम विभाग आठ जुलाई तक पूरा बिहार में बरखा के चेतावनी जारी कइल गइल बा। संगही कहीं-कहीं वज्रपात के संभावना जतावल गइल बा।

उत्तराखंड में रास्ता भइल अवरुद्ध

एकरा संगही उत्तराखंड में बरखा के दौर जारी बा। उत्तराखंड में बरखा होखे से कइयन भूस्खलन होखे के खबर बा। चमोली पुलिस बतवलस कि बदरीनाथ राष्ट्रीय राजमार्ग पs छिनका के लगे पहाड़ी से बोल्डर गिरे से रास्ता अवरुद्ध हो गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]