[the_ad_group id="30365"]

संजय राउत के मिलल जमानत, पात्रा चॉल मामिला में अदालत देहलस राहत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

शिवसेना नेता अउरीम् राज्यसभा सांसद संजय राउत के कोर्ट से बड़ राहत मिलल बा। बुध के राउत के जमानत याचिका पर सुनवाई करत मुंबई के पीएमएलए कोर्ट उनके जमानत दे देहले बा। राउत पात्रा चॉल भूमि घोटाला के आरोप में लमहर समय से जेल में बंद रहनें।

राउत के एक अगस्त के गिरफ्तार कइल गइल रहे

राउत के प्रवर्तन निदेशालय (ईडी) 1 अगस्त के मुंबई में पात्रा ‘चॉल’ के पुनर्विकास में कथित अनियमितता से जुडल मनी लॉन्ड्रिंग मामला में गिरफ्तार कइल गइल बा। उ फिलहाल न्यायिक हिरासत में बानें। ईडी के जांच उपनगरीय गोरेगांव में चॉल या घर के पुनर्विकास से संबंधित 1,034 करोड़ रुपया के कथित वित्तीय अनियमितता अउर कथित रूप से उनकर पत्नी अउर सहयोगियन से संबंधित वित्तीय लेनदेन से संबंधित बा।

का ह पात्रा चॉल मामला ?

पात्रा चॉल के नाम से पहिचाने जाए वाला सिद्धार्थ नगर उपनगरीय गोरेगांव में 47 एकड़ में फैलल बा अउर एहमें 672 किरायेदार परिवार ह। 2008 में महाराष्ट्र हाउसिंग एंड एरिया डेवलपमेंट अथॉरिटी (म्हाडा) एचडीआईएल (हाउसिंग डेवलपमेंट एंड इंफ्रास्ट्रक्चर लिमिटेड) के एक सहयोगी कंपनी गुरु आशीष कंस्ट्रक्शन प्राइवेट लिमिटेड (जीएसीपीएल) के चॉल खातिर एक पुनर्विकास अनुबंध सौंपले रहनें। जीएसीपीएल के किरायेदार खातिर 672 फ्लैट बनावे अउर म्हाडा के कुछ फ्लैट देवे हाती जमीन निजी डेवलपर्स को बेचने खातिर स्वतंत्र रहने।
हालांकि, ईडी के अनुसार पिछले 14 बरिस में किरायेदारन के एक्को फ्लैट नाइ मिलल, काहे से कि कंपनी पात्रा चॉल के पुनर्विकास नाइ कइलें। ऊ 1,034 करोड़ रुपया में ई जमीन पार्सल अउर फ्लोर स्पेस इंडेक्स (एफएसआई) के ह।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]