Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Prithviraj: करणी सेना का आगे हारल लो पृथ्वीराज के मेकर्स, अक्षय कुमार के फिलिम के बदलल नाम

1,775

अक्षय कुमार के आगामी फिलिम ‘पृथ्वीराज’  शीर्षक बदल दिहल गइल बा। मिलल जानकारी के मोताबिक अब एकर नाया नाम ‘सम्राट पृथ्वीराज’ रख दिहल गइल बा। बता दीं कि करणी सेना के एगो जनहित याचिका के बाद एह डेग के उठावल गइल बा। फिलिम के निर्माता, वाईआरएफ करणी सेना के अध्यक्ष के एगो आधिकारिक पत्र लिखले बा, जवना में ऊ एह बात के जानकारी देले बाड़े। 

का रहे पूरा ममिला?
करणी सेना के प्रतिनिधित्व कs रहल अधिवक्ता राघवेंद्र मेहरोत्रा पृथ्वीराज के मेकर्स के कानूनी नोटिस भेजत एगो जनहित याचिका दायर कइले रहस। एह याचिका में करणी सेना फिलिम के नाम में बदलाव करे  के मांग करत कहले रहे कि राजपूत समुदाय फिलिम के शीर्षक के वजह से आहत बा। जेकरा बाद कइयन गो बइठक भइल आ आखिरकार 27 मई के, पृथ्वीराज निर्माता वाईआरएफ राजपूत समुदाय के भावना आ  मांग के धेयान में राखत, फिलिम के नाम पृथ्वीराज से सम्राट पृथ्वीराज में बदलला पs सहमति व्यक्त कइले।

सामने आइल यशराज फिल्म्स के बेयान
यशराज फिल्म्स करणी सेना के अध्यक्ष के एगो आधिकारिक पत्र में लिखत एह बात के उल्लेख कइले कि पृथ्वीराज के नाम अब सम्राट पृथ्वीराज में बदल गइल बा। वायआरएफ लिखलस,
“प्रिय महोदय, हम, यश राज फिल्म्स प्राइवेट लिमिटेड, 1970 के दशक में अपनी स्थापना के बाद से अग्रणी प्रोडक्शन हाउस और वितरण कंपनियों में से एक रहे हैं और भारत के सबसे बड़े फिल्म स्टूडियो में से एक के रूप में विकसित हो रहे हैं। हम सभी दर्शकों के आनंद के लिए लगातार कंटेंट बनाने के लिए प्रतिबद्ध हैं।”
यश राज फिल्म कइलस करणी सेना के सराहना
वायआरएफ आगे लिखत बा, “हमनी के फिलिम के वर्तमान शीर्षक के संबंध में रउआ सभे के शिकायत आ कोसिस के ईमानदारी से सराहना करत बानी सs, आ रउआ सभे के विश्वास दिलावत बानी कि हमनी के कवनो बेक्ति के भावना के आहत कइला भा अनादर कइला खातिर अइसन ना कइल गइल रहे। वास्तव में, एह फिलिम के माध्यम से दिवंगत राजा आ योद्धा, पृथ्वीराज चौहान के बहादुरी, उपलब्धियन आ हमनी के देश के इतिहास में योगदान के जश्न मनावल चाहत बानी।”
करणी सेना के कहलस धन्यवाद
यशराज फिल्म्स आगे लिखलस, “उठावल गइल शिकायत के शांतिपूर्ण आ सौहार्दपूर्ण ढंग से हल करे खातिर, हमनी के फिलिम के शीर्षक “सम्राट पृथ्वीराज” में बदल रहल बा। हमनी के आपसी समझौता के अत्यधिक सराहना करत बानी सs। हमनी के करणी सेना आ ओकर सदस्यन के फिलिम से संबंधित हमनी के निमन इरादा के समझे ला धन्यवाद देत बानी।”
261200cookie-checkPrithviraj: करणी सेना का आगे हारल लो पृथ्वीराज के मेकर्स, अक्षय कुमार के फिलिम के बदलल नाम

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.