Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

हंसल मेहता रचवले सफीना से बियाह

2,068

फिल्मकार हंसल मेहता बुध के बतवले कि ऊ अमेरिका के सैन फ्रांसिस्को में एगो निजी समारोह में सफीना हुसैन से बियाह कs लेले बाड़े। सफीना लमहर समय से उनकर साथी रहल बाड़ी।

‘शाहिद’ आउर ‘अलीगढ़’ लेखा के फिल्मन के निरदेसन करे आला हंसल सोसल मीडिया पs एह बात के जानकारी देले। हंसल(54) सैन फ्रांसिस्को के ताज कैप्टन प्लेस में आयोजित शादी समारोह के कुछ तस्वीरन के साझा कइले। दिवंगत अभिनेता यूसुफ हसन के बेटी सफीना एगो सामाजिक कार्यकर्ता हई।

258790cookie-checkहंसल मेहता रचवले सफीना से बियाह

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.