[the_ad_group id="30365"]

संभल में दर्दनाक हादसा, बोलेरो बाइक के दु किलोमीटर ले घसीटलस

संभल में दर्दनाक हादसा
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश के संभल में एगो दुखद हादसा हो गइल बा. बोलेरो कार एगो बाइक से टकरा गईल अवुरी ओकरा बाद 2 किलोमीटर ले घसीटत चल गईल। एs दुर्घटना में बाइक सवार के मउत हो गईल बा। पुलिस पक्ष से जांच शुरू हो गईल बा। बतावल जाता कि दुर्घटना के बाद बोलेरो सवार फरार हो गईल। एह घटना के एगो वीडियो भी सोशल मीडिया पर वायरल हो रहल बा। दिल्ली से इs चौंकावे वाला वीडियो देख के कहल जाता कि केहु एतना लापरवाह कईसे हो सकता… बाइक गाड़ी के नीचे फंसल रहे फिर भी उs ब्रेक ना लगवलस.

संभल कोतवाली इलाका के मुरादाबाद रोड पs भइल ई हादसा. बतावल जाता कि सुखबीर नाम के एगो आदमी अपना बाइक पs जात रहे। बोलेरो कार पीछे से बाइक से टकरा गईल अवुरी सुखबीर बाइक से सड़क के किनारे गिर गईले। टक्कर एतना भयंकर रहे कि सुखबीर के गंभीर चोट पहुंचल। कुछ लोग सुखबीर के नजदीकी अस्पताल ले गईले, जहां उनुका के मृत घोषित कs दिहल गईल। सुखबीर के निधन के बाद उनुकर परिवार के लोग विरोध प्रदर्शन करतारे। परिवार के लोग के मांग बा कि आरोपी बोलेरो चालक के जल्दी से जल्दी पकड़ल जाए अवुरी ओकरा के सबसे कड़ा सजा दिहल जाए। 

संभल पुलिस ए मामला में शिकायत दर्ज कs के जांच शुरू कs देले बिया। एs घटना के वीडियो सोशल मीडिया पs भी वायरल भईल बा, जवना में गाड़ी के नंबर साफ-साफ देखाई देता। बतावल जाता कि इs बोलेरो गाड़ी एगो स्थानीय नेता के हs, जवन कि एगो गांव के मुखिया भी हवे। पुलिस के कहनाम बा कि जल्दिए आरोपी के गिरफ्तार कs लिहल जाई।  

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ प्यार तs भइल बाकिर ताउम्र रहली अकेले…एह सुपरस्टार हीरोइन के जानीं कहानी

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]