[the_ad_group id="30365"]

8 से 15 अगस्त ले चली ‘ हरिशंकरी ‘ पौधारोपण अभियान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पर्यावरण संरक्षण के प्रदेश भर में हरिशंकरी पौधारोपण अभियान शुरू होई। 8 से 15 अगस्त तक चले वाले अभियान खातिर तैयारी तेज हो गइल बा। एक ही जड़ से संयुक्त रूप में पीपल, बरगद अउरी पाकड़ के पेड़ तैयार होई। ई पेड़ विशाल हो के बड़ मात्रा में ऑक्सीजन उत्सर्जन करिहें। अभियान के तहत बरेली जिला में 75 जगह हरिशंकरी वानिकी तैयार कईल जाई।

पर्यावरण संरक्षण खातिर प्रदेश भर में वन मंत्री डॉ अरुण सक्सेना के निर्देशन में हरिशंकरी वानिकी करे के तैयार करे के निर्देश देहल गईल बा। सब जिला में वन विभाग के नेतृत्व में पाकड़, पीपल, बरगद के पेड़ के एके गड्ढ़ा में लगा के उनके एक जड़ से ही तैयार कइल जाई। विशेषज्ञन के मानल बा, यदि ई तीनों पेड़ एक साथ उगतने सब, त इनके बढ़ोतरी के क्षमता अधिक होई। डीएफओ समीर कुमार बतवले कि जिला में 75 स्थान पर हरिशंकरी लगावल जाई। किसानन के भी जागरूक कइल जाई। जेसे पाकड़,पीपल, बरगद के पेड़ के संयुक्त रूप से एक ही गड्ढा में लगा के उनके तैयार कइल जा सके

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]