[the_ad_group id="30365"]

अब इ कंपनी रुचि सोया के जगह ए नाम से जानल जाई, रामदेव के पतंजलि 4350 करोड़ में अधिग्रहण कईले रहे

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

खाद्य तेल फर्म रुचि सोया इंडस्ट्री लिमिटेड के नाम बदल दिहल गइल बा. कंपनी एगो बयान जारी क कहलस कि 24 जून से लागू होखे वाला ए फर्म के नाम बदल के पतंजलि फूड्स लिमिटेड क दिहल गईल बा। माने कि इ फर्म अब बाबा रामदेव के कंपनी के नाम से जानल जाई। ध्यान देवे वाला बात बा कि रामदेव के कंपनी पतंजलि 2019 में रुचि सोया के अधिग्रहण कईले रहे। इ सौदा 4350 करोड़ रुपया में पूरा भईल रहे।

रुचि सोया फर्म एगो नियामक फाइलिंग में बतवले बिया कि ओकरा कॉरपोरेट मामिला मंत्रालय से 27 जून 2022 के एगो ई-मेल मिलल बा जवना में एगो नया ‘नाम बदले खातिर निगमन प्रमाणपत्र’ जारी कइल गइल बा. एकरा बाद कंपनी के नाम रुचि सोया इंडस्ट्रीज लिमिटेड से बदल के पतंजलि फूड्स लिमिटेड क दिहल गईल बा, जवन कि 24 जून 2022 से लागू होई।

रुचि सोया के नाम बदलला के बाद अलग अलग जरूरी कागजात शेयर बाजार में दाखिल कईल जाता। पिछला महीना पतंजलि आयुर्वेद लिमिटेड अपना खाद्य खुदरा कारोबार के समूह फर्म रुचि सोया इंडस्ट्रीज लिमिटेड के 690 करोड़ में बेच दिहले रहुवे जवन कि गैर खाद्य, पारंपरिक चिकित्सा आ कल्याण कारोबार पर ध्यान देबे के रणनीति का तहत रहुवे.

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]