AUS vs IND: जल्दिये आस्ट्रेलिया खातिर उड़ान भरिहें कप्तान Rohit Sharma, एह दिन टीम इंडिया के ज्वाइन कs सकत बाड़ें हिटमैन

Share

कप्तान रोहित शर्मा आवे वाला दिनन में ऑस्ट्रेलिया खातिर उड़ान भरे खातिर पूरा तरे तइयार बा। उनकर 24 नवंबर के ओपस स्टेडियम में पहिला टेस्ट के तीसरका दिन पर्थ में टीम से जुड़े के उम्मीद बा। अपना दूसरका लईका के जन्म के कारण ऊ टीम के संगे ऑस्ट्रेलिया दौरा पs ना गइल रहे।

भारतीय टीम 10 आ 11 नवंबर के बीच तीन बैच में ऑस्ट्रेलिया खातिर रवाना भइल रहे, बाकिर रोहित अपना दूसरका लईका के जन्म के कारण इहवें रुक गइलें। रोहित के पत्नी 15 नवंबर के एगो बेटा के जन्म देलें आ तब से हिटमैन के ऑस्ट्रेलिया दौरा अटकलन के विषय बनल बा।

24 नवंबर के टीम के संगे जुड़ सकत बाड़ें रोहित शर्मा

क्रिकबज के अनुसार, रोहित शर्मा अतवार 24 नवंबर के भारतीय टीम के संगे जुड़ सकत बाड़ें। गौर करे वाला बात कि ई पहिले से तय रहे कि रोहित शर्मा पहिला टेस्ट मैच में हिस्सा ना ले पइहें। ऊ एकर जानकारी पहिलही बीसीसीआई के दे देले रहस। रोहित शर्मा के गैरमौजूदगी में जसप्रीत बुमराह पहिला टेस्ट में टीम के अगुआई करिहें।

शमी के वापसी के मिलल हिंट

पहिला टेस्ट मैच से पहिले भइल प्रेस कॉन्फ्रेंस में बुमराह हिंट देलें कि मोहम्मद शमी के भारतीय टीम में सामिल कइल जा सकत बा। बुमराह कहलें कि टीम मैनेजमेंट शमी भाई पs नजर रख रहल बा। ऊ कहलें कि ई टीम के खुशखबरी हs कि ऊ क्रिकेट खेलल सुरू कs देले बाड़ें। जल्दिये रउआ उनका के इहां देखम।

बॉर्डर-गावस्कर ट्रॉफी खातिर भारतीय टीम:-

रोहित शर्मा (कप्तान), जसप्रीत बुमराह (उपकप्तान), यशस्वी जायसवाल, अभिमन्यु ईश्वरन, शुभमन गिल, विराट कोहली, केएल राहुल, ऋषभ पंत (विकेटकीपर), सरफराज खान, ध्रुव जुरेल (विकेटकीपर), रविचंद्रन अश्विन, रवींद्र जडेडा, मोहम्मद सिराज, आकाश दीप, प्रसिद्ध कृष्णा, हर्षित राणा, नितीश कुमार रेड्डी, वाशिंगटन सुंदर, देवदत्त पडिक्कल।

रिजर्व: मुकेश कुमार, नवदीप सैनी, खलील अहमद ।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-