BGT: ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ सीरीज के दौरान कोहली के लगे सचिन से आगे निकले के मवका, बन सकत बा कइयन गो रिकॉर्ड

khabar Bhojpuri Desk
बुमराह आ कोहली - फोटो : BCCI

भारत आ ऑस्ट्रेलिया के बीच बॉर्डर-गावस्कर ट्रॉफी के सुरुआत होखे जा रहल बा। भारत 2018-19 में विराट कोहली के नेतृत्व में पहिला बेर ऑस्ट्रेलियाई जमीन पs टेस्ट सीरीज जीतले रहे। एकरा बाद 2020-21 में भारत ऑस्ट्रेलिया के ओकरा घर में हरावे में सफल रहल रहे। भारतीय टीम के नजर अब ऑस्ट्रेलियाई धरती पs टेस्ट सीरीज के जीत के हैट्रिक लगावे पs होई। भारत आ ऑस्ट्रेलिया के बीच सुक से पर्थ में पहिला टेस्ट मैच खेलल जाई।

ऋषभ पंत आ विराट कोहली - फोटो : BCCI
ऋषभ पंत आ विराट कोहली – फोटो : BCCI

भारत पिछलका दौरा पs कोहली के कप्तानी में आइल रहे। हालांकि, ऊ एडिलेड में खेलल गइल सुरुआती टेस्ट के बाद स्वदेश लवट गइल रहस। पहिला टेस्ट में टीम इंडिया 36 रन पs ऑलआउट हो गइल रहे, बाकिर फेर अगिला मैच से अजिंक्य रहाणे कमान संभरलें आ मेलबर्न आउर ब्रिसबेन में जीत दर्ज कs के सीरीज 2-1 से अपना नावे करे में सफल रहल रहे। भारत के हाले में न्यूजीलैंड के खिलाफ घरेलू जमीन पs टेस्ट सीरीज में 0-3 के हार के सामना करे के पड़ल रहे आ अब ओकर कोसिस पुरान कड़वा इयादन के पीछे छोड़के नया सुरुआत करे के होई।

रोहित शर्मा - फोटो : BCCI
रोहित शर्मा – फोटो : BCCI

न्यूजीलैंड के खिलाफ हार से भारत के विश्व टेस्ट चैंपियनशिप (डब्ल्यूटीसी) के फाइनल में पहुंचे के संभावनन पs असर पड़ल बा। टीम न्यूजीलैंड के खिलाफ सीरीज से पहिले डब्ल्यूटीसी के अंक तालिका में शीर्ष पs रहे, बाकिर करारा हार के बाद ऊ दूसरका स्थान पs खिसक गइल रहे। भारत के जदि डब्ल्यूटीसी के फाइनल में जगह बनावे के बा तs ओकरा के ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ हार हाल में पांच मैचन के टेस्ट सीरीज 4-0 से अपना नावे करे के रही।

विराट कोहली आ ऋषभ पंत - फोटो : BCCI
विराट कोहली आ ऋषभ पंत – फोटो : BCCI

एह दौरा पs विराट कोहली के लगे दिग्गज बल्लेबाज सचिन तेंदुलकर से आगे निकले के मवको रही। ओहिजा, यशस्वी जायसवाल आ ऑफ स्पिनर रविचंद्रन अश्विन कइयन गो उपलब्धि अपना नावे दर्ज कs सकत बा लो। कोहली के ऑस्ट्रेलिया में रिकॉर्ड बेहतर बा आ ऊ 13 मैचन में 54.08 के औसत से 1352 रन बनवले बाड़ें। कोहली एह दौरान छव शतक आ चार अर्धशतक लगवले बाड़ें। एतनही ना ऊ 2011-12 आ 2014-15 दौरा पs भारत खातिर सबसे जादे रन बनावे वाला बल्लेबाज रहल रहस। ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ एगो सीरीज में कोहली के सर्वश्रेष्ठ प्रदर्शन 2014-15 दौरा रहल रहे जब ऊ चार मैचन में 86.50 के औसत से 692 रन बनवले रहस जेमे चार शतक आ एगो अर्धशतक सामिल बा।

विराट कोहली - फोटो : BCCI
विराट कोहली – फोटो : BCCI

कोहली अपना नावे कs सकत बाड़ें कइयन गो उपलब्धि

350 रन बनवतही कोहली अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट में सर्वाधिक रन बनावे वाला तीसरका बल्लेबाज बन जइहें। ऊ एह ममिला में ऑस्ट्रेलिया के पूर्व कप्तान रिकी पोंटिंग के पीछे छोड़ दिहें। अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट में सबसे जादे रन बनावे के ममिला में सचिन पहिला आ श्रीलंका के पूर्व कप्तान कुमार संगकारा दूसरा स्थान पs बाड़ें। ओहिजा, कोहली जदि एह दौरा पs एको गो शतक जड़े में सफल रहलें तs ऊ ऑस्ट्रेलिया में सबसे जादे शतक लगावे वाला भारतीय बल्लेबाज बन जइहें। कोहली एह ममिला में सचिन के छव शतकन के बराबरी पs चल रहल बा।

यशस्वी जायसवाल - फोटो : BCCI
यशस्वी जायसवाल – फोटो : BCCI

यशस्वी के लगे एगो कैलेंडर बरिस में सबसे जादे रन बनावे के मवका

भारत के स्टार सलामी बल्लेबाज यशस्वी जायसवाल ऑस्ट्रेलिया दौरा के खास बना सकत बाड़ें। जदि ऊ एह सीरीज में 444 रन बनावे में सफल रहलें तs एगो कैलेंडर बरिस में भारत खातिर सबसे जादे रन बनावे वाला बल्लेबाज बन जइहें। फिलहाल ई रिकॉर्ड सचिन के नावे बा जे 2010 में 1562 रन बनवले रहस। एतनही ना, यशस्वी 15 रन बनवतही मुख्य कोच गौतम गंभीर के पीछे छोड़ दिहें आ एक कैलेंडर बरिस में सबसे जादे रन बनावे वाला भारत के बायां हाथ के बल्लेबाज बन जइहें। गंभीर 2008 में 1134 रन बनवले रहस आ यशस्वी उनका के पीछे छोड़े के बहुते करीब बाड़ें।

रविचंद्रन अश्विन - फोटो : BCCI
रविचंद्रन अश्विन – फोटो : बक्सी

भारत खातिर सबसे तेजी से 550 विकेट पूरा कs सकत बाड़ें अश्विन 

भारत के अनुभवी ऑफ स्पिनर रविचंद्रन अश्विन टेस्ट में सबसे तेजी से 550 विकेट पूरा कs सकत बा। अनिल कुंबले 115 पारियन में अइसन कइले रहस। ओवरऑल ई रिकॉर्ड फिलहाल श्रीलंका के पूर्व दिग्गज स्पिनर मुथैया मुरलीधरन के नावे बा जे 94 टेस्ट पारियन में 550 विकेट पूरा कs लेले रहस। ओहिजा, 13 विकेट लेतही अश्विन ऑस्ट्रेलियाई धरती पs टेस्ट में भारत के सबसे सफल गेंदबाज बन जाई लो। कपिल देव के नावे फिलहाल ई रिकॉर्ड दरज बा जे ऑस्ट्रेलिया में 11 टेस्ट मैचन में 51 विकेट लेले रहस।

Share This Article
खबर भोजपुरी के आधिकारिक समाचार अपडेट प्रोफ़ाइल पs रउआ सभे के स्वागत बा।