[the_ad_group id="30365"]

Roadies 19: विनर के रेस से बाहर भइल लो ई कंटेस्टेंट्स, रिया के छोड़ गौतम आ प्रिंस कइल लो दोस्ती

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यूथ बेस्ड रियलिटी शो ‘एमटीवी रोडीज- कर्म या कांड’ एह दिनन सोशल मीडिया पs बहुते चरचा में बा आ एह चरचा के वजह बा गैंग लीडर्स आ कंटेस्टेंट्स। टीवी के स्टंट बेस्ड पॉपुलर रिएलिटी शो ‘एमटीवी रोडीज 19 – कर्म या कांड’ में लोग आके आपन प्रतिभा देखावेला। शो में अबकी बेर प्रिंस नरूला, गौतम गुलाटी आ रिया चक्रवर्ती गैंग लीडर्स बा लो।

‘रोडीज 19’ के नया एपिसोड दर्शकन के स्क्रीन से बांध के रखले बा। ई सब एलिमिनेशन टास्क में भइल। टॉप 9 कंटेस्टेंट्स में से चार फिनाले से पहिलही बाहर हो गइल लो।

एह सीजन के पहिला फाइनलिस्ट बनला के बाद, सोनू सूद बतवलें कि एपिसोड के अंत तक खाली 5 दावेदार उनका संगे खड़ा होई लो।
‘रोडीज 19’ के फिनाले से पहिले बाहर भइल 4 कंटेस्टेंट्स जेमें, प्रियांक, सचिन, आशिका आ तनु शो छोड़े वाला रहे लो। गौतम के रिया भा प्रिंस में से केहू एक के छूट देवे के मवको मिलल। गौतम अपना ग्रुप के सदस्य पराक्रम पs 1000 रोडियम दागला के एकरा के प्रिंस के देवे के फैसला कइले।

एह पs गौतम कहलें, ‘जरूरत पड़ला पs प्रिंस हमार मदद कइलें। ऊ पराक्रम पs 1000 रोडियम खर्च कइलें आ हम एकर सराहना कइनी। एहिसे हम आज उनकर मदद करेम’। प्रिंस उनका के थैंक्यू कहलें आ शुक्रिया अदा कइलें। फेर ऊ सिवेट के अपना ग्रुप से बचावे के फैसला कइलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]