Breaking: RJD देलस सुधाकर सिंह के नोटिस, गठबंधन धर्म के मर्यादा के उल्लंघन करे आ बयान से राजद के बड़ वर्ग के आहत करे के बात कहलस 

Share

राजद नेता सुधाकर सिंह के पार्टी के तरफ से कारण बताओ नोटिस जारी कइल गइल बा। नोटिस में गठबंधन धर्म के मर्यादा के उल्लंघन करे आ अपना बयान से राजद के बड़ वर्ग के आहत करे के बात कहल गइल बा, आ पुछल गइल बा कि काहे ना उनका पs कारवाई कइल जाव।

बता दीं की पूर्व कृषि मंत्री सुधाकर सिंह तब चरचा में आइल रहस जब ऊ मंत्री रहते अपना के चोरन के सरदार आ विभाग के अफसरन के चोर बतवले रहस। एह बयान के कुछ दिन बाद उनका इस्तीफा देवे के पड़ल आ। इस्तीफा के बाद से ऊ लगातार मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आ सरकार पs तीख बयान देत आइल बाड़ें। एही के देखत 17 जनवरी के देर रात ई नोटिस जारी कइल गइल बा।

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-