[the_ad_group id="30365"]

बिहार के रीत जीतली मिस इको टीन इंडिया 2023: ई खिताब जीते वाली पहिला बिहारी, अब मिस्र में करिहें भारत के प्रेजेंट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सारण के रीत मयूर सिंह मिस इको टीन प्रतियोगिता 2023 में जीत हासिल कइले बाड़ी। मशरक थाना क्षेत्र के बड़हिया टोला गांव निवासी डॉ.राकेश कुमार सिंह के रित बेटी हई। ई प्रतियोगिता राजस्थान के जयपुर के आमेर में आयोजित भइल रहे।

विजेता घोषित होखला के बाद पूरा गांव में खुसी के माहौल बा। रीत मयूर के परिजनन के बधाई देवे स्थानीय लोगन के भीड़ घर के बाहर जुट गइल।

स्टार प्रोडक्शन कइले रहे प्रतियोगिता के आयोजन

एह प्रतियोगिता में अलग-अलग राज्यन से 50 प्रतिभागी हिस्सा लेले रहे लो। एह लोगन के उमिर 14 से 19 साल के बीच रहे। एह कॉम्पिटिशन के आयोजन स्टार प्रोडक्शन के तरफ से आयोजित कइल गइल रहे। एमे कइयन राउंड रहे।

रीत मयूर सिंह जीतली मिस इको टीन प्रतियोगिता 2023।

12वीं के छात्रा हई रीत

पटना के जीडी गोयनका के वर्ग 12वीं के छात्रा रीत मयूर सिंह के मिस इको टीन प्रतियोगिता 2023 के ताज पहनावल गइल। राजस्थान के आमेर में 17 जुलाई के एह कॉम्पिटिशन के आयोजन भइल रहे। रीत मयूर एह कॉम्पिटिशन में बिहार के विजेता बने वाली पहिला लईकी हई।

रीत मयूर सिंह सारण के मशरक थाना क्षेत्र के बड़हिया टोला गांव निवासी हार्डवेयर बेवसायी बैधनाथ सिंह के पोती हई। रीत के पिता डॉ.राकेश कुमार सिंह सीवान जिला के बसंतपुर सरकारी अस्पताल में चिकित्सक के पद पs कार्यरत बाड़ें, ओहिजा मां उषा सिंह गृहणी बाड़ी।

रीत मयूर सिंह अब 2024 में मिस्र में भारत के प्रतिनिधित्व करिहें, जेमे पूरा विश्व से राष्ट्रीय स्तर के विजेता लोग प्रतिभागी बनी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]