[the_ad_group id="30365"]

Shilpa Shetty: रिचर्ड गेरे किस ममिला में शिल्पा शेट्टी के राहत, अदालत कहलस- एक्ट्रेस एमे भागीदार ना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रउआ शिल्पा शेट्टी आ हॉलीवुड स्टार रिचर्ड गेरे के किसिंग ममिला तs पता होखले होई? जदि नइखे पता तs हम बता देत बानी। साल 2007 में एगो कार्यक्रम के दौरान रिचर्ड गेरे शिल्पा शेट्टी के सार्वजनिक रूप से किस कs लेले रहस था। रिचर्ड के ई किस बवाली बन गइल। एह ममिला में लोग दुनो के जमके खरी-खोटी सुनवलस। एतने ना, एक्ट्रेस के खिलाफ तमाम एफआईआर दर्ज करावल गइल आ उनका पs अश्लीलता के आरोप लगावल गइल। बाकिर, शिल्पा शेट्टी के अब बरिसन पुरान एह ममिला में राहत मिल गइल बा।

शिल्पा शेट्टी – फोटो : social media

साल 2007 के रिचर्ड गेरे आ शिल्पा शेट्टी किसिंग ममिला में मुंबई के एगो अदालत कहलस कि एह ममिला में शिल्पा शेट्टी के खिलाफ अश्लीलता के कवनो सबूत नइखे। कोर्ट इहो कहलस कि एक्ट्रेस किस ना कइले रहली, बलुक उनका के किस कइल गइल रहे। अइसना में ऊ एहमे भागीदार ना रही।

व्हाइट साड़ी में शिल्पा शेट्टी के हॉट अंदाज – फोटो : instagram

मुंबई के एगो अदालत कहलस, ‘सड़क पs भा पब्लिक ट्रांसपोर्ट पसे महिला के संगे छेड़छाड़ होखला पs भा एह तरे के कवनो ममिला में एगो महिला के भागीदार के रूप में नइखे देखल जा सकत। अइसन ममिलन में शिकायत ना कइला खातिर महिला पs मुकदमा नइखे चलावल जा सकत बा।’

शिल्पा शेट्टी – फोटो : सोशल मीडिया

अतिरिक्त सत्र न्यायाधीश एस सी जाधव पिछला हफ्ता शिल्पा शेट्टी के एह ममिला में आरोपमुक्त करे के मजिस्ट्रेट अदालत के आदेस के बरकरार रखत कहलें कि उनका ओर से अश्लीलता स्पष्ट नइखे। एह ममिला में विस्तार से आदेस आज (मंगर) के उपलब्ध करावल गइल।

शिल्पा शेट्टी – फोटो : सोशल मीडिया

बता दीं कि 2007 में शिल्पा शेट्टी आ रिचर्ड गेरे एगो एड्स जागरुकता कार्यक्रम में हिस्सा लेले रहे लो। एह दौरान गेरे सार्वजनिक मंच पs शिल्पा शेट्टी के किस कइले रहस। फिलहाल एक्ट्रेस के राहत मिल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]