[the_ad_group id="30365"]

Uttara Baokar: मशहूर अभिनेत्री उत्तरा बावकर के निधन, पुणे के अस्पताल में लेली अंतिम सांस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मशहूर अभिनेत्री आ रंगमंच कलाकार उत्तरा बावकर (79) के लमहर बेमारी के बाद निधन हो गइल। पिछिला एक साल से बेमार चल रहल बावकर पुणे के एगो अस्पताल में अंतिम सांस लेली। उनका परिवार के करीबी सूत्र लोग बतावल कि बुध के सबेरे उनकर अंतिम संस्कार कइल गइल। ऊ दिल्ली के राष्ट्रीय नाट्य विद्यालय से अभिनय के शिक्षा लेले रहली।

बावकर ‘मुख्यमंत्री’ में पद्मावती, ‘मेना गुर्जरी’ में मेना, शेक्सपियर के ‘ओथेलो’ में डेसडेमोना आ नाटककार गिरीश कर्नाड के नाटक ‘तुगलक’ में मां के भूमिका निभवले रहली। ऊ गोविंद निहलानी के फिलिम तमस में अपना भूमिका के बाद सुर्खियन में आइल रहली।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]