Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Uttara Baokar: मशहूर अभिनेत्री उत्तरा बावकर के निधन, पुणे के अस्पताल में लेली अंतिम सांस

बावकर ‘मुख्यमंत्री’ में पद्मावती, ‘मेना गुर्जरी’ में मेना, शेक्सपियर के ‘ओथेलो’ में डेसडेमोना आ नाटककार गिरीश कर्नाड के नाटक ‘तुगलक’ में मां के भूमिका निभवले रहली।

1,552

मशहूर अभिनेत्री आ रंगमंच कलाकार उत्तरा बावकर (79) के लमहर बेमारी के बाद निधन हो गइल। पिछिला एक साल से बेमार चल रहल बावकर पुणे के एगो अस्पताल में अंतिम सांस लेली। उनका परिवार के करीबी सूत्र लोग बतावल कि बुध के सबेरे उनकर अंतिम संस्कार कइल गइल। ऊ दिल्ली के राष्ट्रीय नाट्य विद्यालय से अभिनय के शिक्षा लेले रहली।

बावकर ‘मुख्यमंत्री’ में पद्मावती, ‘मेना गुर्जरी’ में मेना, शेक्सपियर के ‘ओथेलो’ में डेसडेमोना आ नाटककार गिरीश कर्नाड के नाटक ‘तुगलक’ में मां के भूमिका निभवले रहली। ऊ गोविंद निहलानी के फिलिम तमस में अपना भूमिका के बाद सुर्खियन में आइल रहली।

513990cookie-checkUttara Baokar: मशहूर अभिनेत्री उत्तरा बावकर के निधन, पुणे के अस्पताल में लेली अंतिम सांस

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.