Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

EC: चुनाव आयुक्त के पद प भइल रिटायर्ड IAS अरुण गोयल के नियुक्ति, राष्ट्रपति देली मंजूरी

337

रिटायर्ड आईएएस अरुण गोयल के चुनाव आयोग में चुनाव आयुक्त के रूप में नियुक्त कइल गइल बा। राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू एह प आपन सहमति दे देले बाड़ी। हालांकि अभी उनकर नियुक्ति के तारीख अभी तय नइखे भइल।

चुनाव आयुक्त के रूप में उनकर नियुक्ति के घोषणा तब कइल गइल बा जब अगिला महीना में गुजरात में विधानसभा चुनाव होखे वाला बा। गुजरात में 1 दिसंबर से 5 दिसंबर के बीच विधानसभा चुनाव होखे वाला बा। ओहिजा, एकर नतीजा आठ दिसंबर के घोषित होई।

गौर करे आला बात बा कि अरुण गोयल 1985 बैच के आईएएस अधिकारी हवे। ऊ 31 दिसंबर 2022 के 60 साल के उमिर में सेवानिवृत्त होखे वाला रहस, बाकिर एक महीना पहिलही ऊ अपना पद से 18 नंवबर माने बिहान इस्तीफा दे देले रहस।

385930cookie-checkEC: चुनाव आयुक्त के पद प भइल रिटायर्ड IAS अरुण गोयल के नियुक्ति, राष्ट्रपति देली मंजूरी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.