[the_ad_group id="30365"]

EC: चुनाव आयुक्त के पद प भइल रिटायर्ड IAS अरुण गोयल के नियुक्ति, राष्ट्रपति देली मंजूरी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रिटायर्ड आईएएस अरुण गोयल के चुनाव आयोग में चुनाव आयुक्त के रूप में नियुक्त कइल गइल बा। राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू एह प आपन सहमति दे देले बाड़ी। हालांकि अभी उनकर नियुक्ति के तारीख अभी तय नइखे भइल।

चुनाव आयुक्त के रूप में उनकर नियुक्ति के घोषणा तब कइल गइल बा जब अगिला महीना में गुजरात में विधानसभा चुनाव होखे वाला बा। गुजरात में 1 दिसंबर से 5 दिसंबर के बीच विधानसभा चुनाव होखे वाला बा। ओहिजा, एकर नतीजा आठ दिसंबर के घोषित होई।

गौर करे आला बात बा कि अरुण गोयल 1985 बैच के आईएएस अधिकारी हवे। ऊ 31 दिसंबर 2022 के 60 साल के उमिर में सेवानिवृत्त होखे वाला रहस, बाकिर एक महीना पहिलही ऊ अपना पद से 18 नंवबर माने बिहान इस्तीफा दे देले रहस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]