[the_ad_group id="30365"]

मशरक थाना परिसर मे जनता दरबार आयोजित,11 मे 3 ममिला के भइल निष्पदान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मशरक (सारण)/ धर्मेंद्र कुमार सिंह: मशरक थाना परिसर मे बिहार सरकार के आदेस के मोताबिक सनीचर के अंचल निरीक्षक महेन्दर राम आ थानाध्यक्ष रितेश कुमार मिश्रा जनता दरबार लगावल लो।

जनता दरबार मे पहिले के सात गो ममिला रहे। जेमे से तीन के निष्पदान कइल गइल। ओहिजा नया ममिला चार गो आइल। जवना के जाँच मे डाल दिहल गइल। बाकी आठ भूमि सम्बन्धी ममिला के जांच मे डाल दिहल गइल बा। अब अगिला सनीचर के सुनवाई कइल जाई।

मवका प दारोगा लक्ष्मण प्रसाद, अंचल कार्यालय के बड़ा बाबू शशि कुमार मवजूद रहल लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]