गणतंत्र दिवस: ग्रामीण क्षेत्रन में लउकल गणतंत्र दिवस के धूम ; विधायक दीपक मिश्रा कहलें लक्ष्य निर्धारित कs के अनुशासित तरीका से परिश्रम करे से मिलेला सफलता 

khabar Bhojpuri Desk

देवरिया/अखिलेश कुमार सिंह। 75वां गणतंत्र दिवस के पावन पर्व सुक के हर्ष आ उल्लास के संगे ग्रामीण क्षेत्रों के विद्यालयन में मनावल गइल। एमे विद्यालय के विद्यार्थियन कावर से प्रभात फेरी के संगे-संगे झंडारोहण कइल गइल।

श्री अनन्त इंटरमीडिएट कालेज में विधायक दीपक मिश्रा, श्री राजधारी इंटरमीडिएट कालेज चकरा में प्रधानाचार्य शिव अवतार यादव, विनोद कुमार, श्री नारायण शिक्षण संस्थान सतरांव में अध्यापक राममिलन, आनन्द मार्ग पब्लिक स्कूल में प्रधानाचार्य प्रभात रंजन मिश्र, केडी पब्लिक स्कूल देवरिया में शिक्षक संघ महामंत्री सुदर्शन कुशवाहा, उच्चतर माध्यमिक विद्यालय गहिला में प्रधानाचार्य सुशीला देवी, उच्चतर माध्यमिक विद्यालय पडरी गुरुराव में सुरेंद्र यादव, प्रवीण राव झंडा फहरावल लो।

लईका लोग सांस्कृतिक कार्यक्रम के तहत तरे-तरे के देशभक्तिपूर्ण राष्ट्रीय गीत एकांकी जवना में शिक्षा, देशभक्ति, दहेज लेखा कूप्रथा के खिलाफ आपन हुनर के प्रदर्शन कइल लो। विद्यार्थी सांस्कृतिक कार्यक्रम प्रस्तुत कइल लो।

विधायक दीपक मिश्रा कहलें कि दृढनिश्चय, आत्मविश्वास, व्यवहार कुशलता, सतसाहस, अनुशासन, आलस्य के त्याग, सतसंगति, उत्साह, लक्ष्य बनाके, धैर्य आदि सफलता के सूत्रन के पालन करत नवहन के जिनगी में सफलता खातिर मार्ग दर्शन जरूरी बा।

एह अवसर पs यजवेंद्र यादव, सन्नी यादव, विरंजन यादव, सूर्यप्रकाश मिश्रा, सरोज कुमार, उज्ज्वल श्रीवास्तव, डॉक्टर जितेंद्र अग्रहरि, संतोष यादव, डॉक्टर अनुज कुमार, विजय यादव, रणविजय, धर्मेंद्र उपाध्याय, भृगुनाथ यादव, राधाकृष्ण कुशवाहा, देवेंद्र उपाध्याय, रविंद्र, इंद्रपाल, आरिफ अंसारी, शकीना, आशुतोष दुबे, अजीत सिंह, रविप्रकाश गौतम, शिवम पांडे, राहुल मल्ल आदि मौजूद रहल लो।

Share This Article
खबर भोजपुरी के आधिकारिक समाचार अपडेट प्रोफ़ाइल पs रउआ सभे के स्वागत बा।