[the_ad_group id="30365"]

Special story : ईंहों के जानी, ईंहों के पहचानी : गोरखपुर रंगमंच के शानदार कलाकार “आलोक सिंह राजपूत”

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

खबर भोजपुरी रउरा सभे के सोझा एगो सेगमेंट लेके आइल बा….एह कड़ी में आजू आईं जानल जाव गोरखपुर रंगमंच के शानदार कलाकार “आलोक सिंह राजपूत” के बारे में..

आलोक सिंह राजपूत के जनम गोरखपुर के लगे खजनी के भीतर महादेवा बाजार के लगे “हरिहरपुर” गाँव में भइल। इनकरी बाबूजी के नाव अशोक सिंह, माई के नाम सत्यभामा सिंह हs। इनकर एगो बड़ भाई बाड़े जेकर नाव अनुराग सिंह हs। इनकर पड़ाई लिखाई गोरखपुर से भइल।मास्टर डिग्री दिग्विजय नाथ पीजी कॉलेज से पुरा कईले। अभिनय के सुरुआत यूनिवर्सिटी में यूथ फेस्टिवल में पार्टिसिपेट से माइम एक्ट से भईल। पहिला बेर माइम में चयन भइल रहे। एहिजा माइम का हs एकरा बारे में रउरा सभ के बता दिहीं कि अइसन अभिनय हs जवना में कलाकार अपना हाव-भाव से अभिनय करेला बिना कवनो संवाद के । कोलकाता विद्यासागर यूनिवर्सिटीयो (मेदिनीपुर) में माइम अभिनय खातिर पार्टिसिपेट कईले रहले। एकरा बाद अभिनय के ओर कदम बढईले आ रंगमंच से जुड़ले। विजय तेंदुलकर के लिखल नाटक “जाती ही पूछो साधु की” नाटक रंग आश्रम में पहिला नाटक कइले, ओकरा बाद दु गो नाटक “प्रमोशन” आ “कफ़न गोरखपुर के नामी निर्देशक स्व.पीयूष कांत श्रीवास्तव के निर्देशन में कइले।

फिलहाल एs समय मनवेंद्र त्रिपाठी के साथे काम कs रहल बाने।जे इनकर गुरुदेव हवें जिनकरी निर्देशन में अबे अयोध्या में संस्कृत संगम के माध्यम से भगवान श्री राम के किरदार निभवले। नाटक करत घरी 2019 में मुंबई गईल रहले उहाँ गईला के बाद एगो धारावाहिक में काम कईले सोनी सब पs जवना के नाव रहे “धर्म योद्धा गरुण” ओमे ई एगो तपस्वी के किरदार निभवले रहलें जवन बहुत लोकप्रिय रहे , आ ओकरा बाद “जी गंगा” पs आवे वाला धारावाहिक बंधन टूटे ना में “रोहन” के मुख्य भूमिका निभवले रहले, ओकरा बाद एगो एलबम गीत कइले “जी म्यूजिक” पs, साजना आ कई गो क्राइम शो आ शॉर्ट फिलिम आ एलबम में काम कइले बाड़न। जल्दिये रउरा सभे एगो नया फिलिम में देखब। फिलहाल आलोक माननीय सांसद जी रवि किशन के साथे एगो साउथ फिलिम फिक्स डिपॉजिट में काम कs रहल बाड़े जवन एगो लव फिलिम हs जवना में मुन्ना के किरदार निभावत बाड़े। उ एगो मुख्य भूमिका बा। कईगो सीरियल में, अब ले तीन गो फिलिमन में आ कईगो एल्बम अभिनय कs चुकल बाड़े।

 

हाल ही में “यायावरी वाया भोजपुरी” के ओर से एगो राम भजन गीत “राम अइलें” आइल बा ओह में ई मेन लीड में बाड़े जवन लोग के बीच बहुत पसंद कइल जा रहल बा।

अबले जवन सफलता मिलल बा, ओकर पूरा श्रेय आपन बाबूजी अशोक सिंह, माई सत्यभामा सिंह आ बड़ भाई अनुराग सिंह आ शिक्षक लो के देवेले।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]