Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

डॉ॰ राजेन्द्र प्रसाद (Death Anniversary)- “एगो परीक्षा अइसनो”

भारत के पहिला राष्ट्रपति डॉ॰ राजेंद्र प्रसाद जी के इयाद में उहाँ से जुड़ल एगो रोचक किस्सा

749

भारत के पहिला राष्ट्रपति आ अमर स्वतंत्रता सेनानी देसरत्न डॉ॰ राजेन्द्र प्रसाद जी के जनम 3 दिसंबर 1884 के सिवान के जीरादेई में भइल रहे। देस के पहिलका राष्ट्रपति के रूप में समूचा देस राजेंदर बाबू के जोगदान के इयाद करेला। आजे के दिने 28 फरवरी 1963 के पटना में एह महान व्यक्तित्व के निधन हो गइल रहे। समूचा यायावरी वाया भोजपुरी परिवार डॉ॰ राजेंद्र प्रसाद के बेर-बेर नमन करत इयाद कs रहल बा….

 

“एगो परीक्षा अइसनो “

प्रेसीडेंसी कॉलेज कलकत्ता, स्नातक के परीक्षा शुरू भईल  आधा घंटा बीतत होई। कॉलेज के मुख्य द्वार बंद हो चुकल बा। तबही एगो छात्र आईल आ गार्ड से परीक्षा हॉल में जाए के अनुमति मांगे लागल। गॉर्ड के ना मानत देख के उ छात्र प्राचार्य के बोलावे ला निहोरा कईलस। धीरे-धीरे बहस आ शोर बढे लागल। निरीक्षण के खातिर घुमत प्राचार्य शोर सुन के मुख्य गेट के तरफ बढ़ गईलन। उहाँ उ छात्र के बात समझ के उनका लेट अइला के वजह से परीक्षा में ना बईठे देवे के नियम के सफाई देके समझावे के प्रयास कईलन। छात्र के गुहार के कउनो असर उनका प ना भईल। उ जब लौट के जाए लगले त उ छात्र कहलन “आई एम द राजेन्द्र हु नेवर स्टूड सेकंड इन एनी एग्जाम”। प्राचार्य उनकर ई बात सुन के आखिरकार अनुमति दे दिहले। छात्र धन्यबाद देत अपना परीक्षा हॉल के रुख कईले। इहवाँ हम ई ध्यान दिलावे के चाहेंम की अंग्रेजी ग्रामर के नियम के अनुसार कउनो व्यक्ति के नाम के पहिले ‘द’ के प्रयोग ना होखे ला। एकर इस्तेमाल ई दर्शावे खातिर काफी रहे की उ छात्र के अनुसार उनका जईसन कोई ना रहे ना होई। खैर परीक्षा में बइठे के अनुमति मिलल। अंग्रेजी के पेपर में ओ घरी 10 गो सवाल पुछल जाव,आ ओमे से 5 गो सवाल ही करे के रहत रहे। प्रश्न पत्र के दसो सवाल हल क के उ छात्र लिखले “चेक एनी फाइव” आ आधा घंटा पहिलही निकल गईले। जब परीक्षक कॉपी देखले त अतना प्रभावित भईले की उत्तर पुस्तिका प आपन टिपण्णी दिहले “एग्जामिनि ईज बेटर दैन द एग्जामिनर”। अब सवाल ई बा कि  एतना प्रतिभाशाली छात्र के उ कौन मज़बूरी रहे जउन वजह से उ परीक्षा में देर से पहुँचल? दरअसल,चूँकि कॉलेज बंगाल  के रहे त अधिकांश छात्र बंगाल के रहे लोग आ ओ लोग के एगो दूसर राज्य के छात्र(बिहारी) के हर परीक्षा में टॉप कईल अच्छा ना लागत रहे। ओहि से उ लोग उनका के परीक्षा के समय आधा घंटा देर से लिखा देले रहे,ताकि परीक्षा में ना बईठ पईला की वजह से उ टॉप ना कर पावस। ओह महान विभूति के नाँव ‘राजेंद्र प्रसाद’ रहे। उहाँ के आगे चल के स्वतन्त्र भारत के पहिलका राष्ट्रपति भईनी। उहाँ के योगदान देश के स्वंत्रता संग्राम में अतुलनीय रहे। उहाँ के समूचा जीवन देश-सेवा में बीतल।उहाँ के हमार बेरि-बेरि नमन…

 

222980cookie-checkडॉ॰ राजेन्द्र प्रसाद (Death Anniversary)- “एगो परीक्षा अइसनो”

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.