अब तक के 10 गो बड़ खबर

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 28, 2022

बिहार बजट-2022 : उप मुख्यमंत्री आ वित्त मंत्री तारकिशोर प्रसाद पेस कइले बजट- 2,37,691 करोड़ के बजट, शिक्षा विभाग के मिलल 16.50 % राशि। रूस-यूक्रेन के बीचे चलल तीन घंटा बईठक- कवनो नतीजा निकाले में

Share

  1. बिहार बजट-2022 : उप मुख्यमंत्री आ वित्त मंत्री तारकिशोर प्रसाद पेस कइले बजट- 2,37,691 करोड़ के बजट, शिक्षा विभाग के मिलल 16.50 % राशि।
  2. रूस-यूक्रेन के बीचे चलल तीन घंटा बईठक- कवनो नतीजा निकाले में रहल दुनो देस असफल।
  3. पीएम मोदी के आपात बईठक- यूक्रेन के पड़ोसी देस में भेजल जाई लो सिंधिया आ रिजिजू के संगे चार गो केंद्रीय मंत्री, छात्र लो के निकाले के रास्ता बनावे के करी लो उपाय।
  4. सरकार कुछु नइखे करत- भाजपा सांसद वरुण गांधी, छात्र बा लो मुसकिल में।
  5. आईआईटी कानपुर के वैज्ञानिक लो के दावा- 24 जून से आ सकेला चउथा लहर।
  6. रूस आ यूक्रेन के बीचे जारी जंग से भारत चिंता में, निर्यात पs पड़ सकेला असर।
  7. एलपीजी सिलेंडर के नाया दाम 1 मार्च से होई लागू, बढ़ सकेला दाम।
  8. सेबी- पहिला बेर कमान महिला के हाथ में, अजय त्यागी के जगे लिहे माधबी पूरी।
  9. भारत के श्रीलंका पs बड़ जीत के संगे विश्व  रिकॉर्ड, लगातार 12 मैच जीत के बनवलस इतिहास।
  10. रोहित शर्मा बनले दुनिया ,में सबसे बेसी टी-20 खेले आला खेलाडी, शोएब मालिक के पीछा छोडले।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.