महाशिवरात्रि बिहान, मन्दिरन में तइयारी सुरु

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 28, 2022

मंगर मन्दिरन में तइयारी सुरु हो गइल बा| महाशिवरात्रि परब मंगर के परंपरागत रूप से आस्था अउर सरधा से मनावल जाई। परब के लेके तइयारी जोर-सोर से चल रहल बा। साफ-सफाई के बाद मंदिर के

Share

मंगर मन्दिरन में तइयारी सुरु हो गइल बा| महाशिवरात्रि परब मंगर के परंपरागत रूप से आस्था अउर सरधा से मनावल जाई। परब के लेके तइयारी जोर-सोर से चल रहल बा। साफ-सफाई के बाद मंदिर के रंग-रोगन क देहल गइल बा। पानी के पूरा इंतजाम क देहल गइल बा। स्वयं सेवक तइयारी में जुटल बानें।

महादेव झारखंडी मंदिर अउर मुक्तेश्वरनाथ मंदिर के रंगाई-पोताई हो गइल बा। परिसर में सफाई के काम जारी बा। महादेव झारंखडी मंदिर में मेला खातिर दुकानदार सब आपन जगही चीन्ह लेहले बानें सब। ओके रसरी से घेर के आरक्षित क लेहल गइल बा। झूला आ गइल बा। मंदिर में जल चढ़ावे खातिर महिला-पुरुषन के अलग-अलग प्रवेस अउर निकास मारग बनावल जा रहल बा

।

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.