Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

महाशिवरात्रि बिहान, मन्दिरन में तइयारी सुरु

मंगर के परम्परागत रूप में आस्था अउर श्रद्धा के संगे मनावल जाई महाशिवरात्रि

326
सीवान इन्शुरेंस 720 90

मंगर मन्दिरन में तइयारी सुरु हो गइल बा| महाशिवरात्रि परब मंगर के परंपरागत रूप से आस्था अउर सरधा से मनावल जाई। परब के लेके तइयारी जोर-सोर से चल रहल बा। साफ-सफाई के बाद मंदिर के रंग-रोगन क देहल गइल बा। पानी के पूरा इंतजाम क देहल गइल बा। स्वयं सेवक तइयारी में जुटल बानें।

महादेव झारखंडी मंदिर अउर मुक्तेश्वरनाथ मंदिर के रंगाई-पोताई हो गइल बा। परिसर में सफाई के काम जारी बा। महादेव झारंखडी मंदिर में मेला खातिर दुकानदार सब आपन जगही चीन्ह लेहले बानें सब। ओके रसरी से घेर के आरक्षित क लेहल गइल बा। झूला आ गइल बा। मंदिर में जल चढ़ावे खातिर महिला-पुरुषन के अलग-अलग प्रवेस अउर निकास मारग बनावल जा रहल बा

Middle Yayawari
222890cookie-checkमहाशिवरात्रि बिहान, मन्दिरन में तइयारी सुरु

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.