[the_ad_group id="30365"]

Kargil Vijay Diwas: 4 जुलाई के Tiger Hill जीतले के बाद 26 जुलाई के ही काहें मनावल जाला कारगिल दिवस?

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

भारत में 26 जुलाई के कारगिल विजय दिवस के रूप में मनावल जाला। पाकिस्तान के घुसपैठ आ हमला के उचित जवाब देत देश के सैकड़न जवान आपन जान दे दिहले. का रउवा जानत बानी कि भारतीय सेना कारगिल युद्ध के सबसे महत्वपूर्ण चोटी टाइगर हिल पs खुद 4 जुलाई के कब्जा के लेले रहे| बाकिर एकरा बावजूद कारगिल विजय दिवस खाली 26 जुलाई के काहे मनावल जाता?

26 तारीख के कारगिल दिवस काहे मनावल जाला?

ब्रिगेडियर (रिटायर्ड) खुशाल ठाकुर कारगिल युद्ध के हिस्सा रहले। युद्ध के समय उs 18 ग्रेनेडियर्स में कर्नल रहले। बता दीं कि कारगिल के महत्वपूर्ण चोटी टाइगर हिल पs मात्र 18 गो ग्रेनेडियर कब्जा कs लेले रहे| खुशाल ठाकुर बतवले कि टाइगर हिल के जीत के बाद नवाज शरीफ डर से अमेरिका गईले अवरू युद्धविराम के बात करे लगले बाकिर तत्कालीन प्रधानमंत्री अटल बिहारी वाजपेयी कहले – जब ले हमनी के एक-एक सीमा चौकी से एs पाकिस्तानी के भगा ना देब जा तब ले रुकले के नाम नाहीं” आ फेर 26 जुलाई के सगरी घुसपैठियन के भगा दिहल गइल. इहे कारण बा कि कारगिल विजय दिवस 26 जुलाई के मनावल जाला।

युद्ध के बीच कारगिल पहुंचले नरेंद्र मोदी

एकरा संगे पीएम मोदी अवुरी खुशाल ठाकुर एगो अवुरी रोचक जानकारी भी पेश कईले बाड़े। उs बतवले कि वर्तमान प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी ओ समय ना तs मुख्यमंत्री रहले अवुरी ना कवनो अवुरी महत्वपूर्ण पद पs रहले। एतना फायरिंग के बीच जवानन के मनोबल बढ़ावे खातिर उs सादा तरीका से कारगिल आईल रहले अवुरी अस्पताल ले जाके जवान से मिले गईल रहले।

 

 

,

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]