सरकारी नौकरी : नवोदय विद्यालय समिति काउंसलर के पदन पs निकललस भर्ती, एज लिमिट 50 साल, सैलरी 44900 रुपिया

Share

नवोदय विद्यालय समिति जवाहर विद्यालयन में भर्ती निकलले बा। उम्मीदवार ऑफिशियल वेबसाइट navodaya.gov.in पs जाके अप्लाय कs सकत बा लो।

एजुकेशनल क्वालिफिकेशन :

उम्मीदवारन के साइकोलॉजी में मास्टर डिग्री (एमए/एमएससी) आ गाइडेंस आउर काउंसलिंग में एक साल के डिप्लोमा कइल होखे के चाहीं। एक साल के अनुभवो जरूरी बा।

आयु सीमा :

उम्मीदवारन के उमिर एक जून 2024 के कम से कम 28 साल आ अधिकतम 50 साल होखे के चाहीं।

सैलरी :

44900 रुपिया प्रतिमाह।

फीस :

एह पद खातिर 500 रुपिया फीस तय कइल गइल बा।
एससी, एसटी आ दिव्यांग उम्मीदवारन खातिर आवेदन फ्री बा।

सिलेक्शन प्रोसेस :

काउंसलर पद पs भर्ती पर्सनल इंटरव्यू के आधार पs होई। उम्मीदवारन के शॉर्टलिस्ट क्वॉलिफाइंग एग्जाम में मिलल मार्क्स के आधार पs होई।

अइसे करीं आवेदन :

ऑफिशियल वेबसाइट navodaya.gov.in पs जाईं।
होमपेज पs, अधिसूचना/रिक्तियन के सेक्शन पs क्लिक करीं।

“एनवीएस में काउंसलर भर्ती खातिर लिंक पs क्लिक करीं।
स्क्रीन पर एक पीडीएफ खुलेगी, इसमें दिए गए डिटेल्स देखें।

पीडीएफ डाउनलोड करीं। एकर प्रिंटआउट निकाल के रखीं।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-