UP News: चक्रवाती तूफान में दू लोगन के गइल जान, बिजली व्यवस्था ध्वस्त

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 6, 2024

UP News: उत्तर प्रदेश के बदायूं जिला में बुध के देर रात आइल आंधी-पानी में जिला में दू लोगन के जान चल गइल। बतावल जा रहल बा चक्रवाती तूफान रहे। जगह-जगह पोल आ तार टूटे

Share

UP News: उत्तर प्रदेश के बदायूं जिला में बुध के देर रात आइल आंधी-पानी में जिला में दू लोगन के जान चल गइल। बतावल जा रहल बा चक्रवाती तूफान रहे। जगह-जगह पोल आ तार टूटे से बिजली व्यवस्था ध्वस्त हो गइल बा। पार्किंग में खड़ा वाहन क्षतिग्रस्त हो गइल। छतन पs लागल सोलर पैनलो उड़ गइल बा। जिला में रात साढ़े 11 बजे अचानक मौसम के मिजाज बदलल।

बुध देर रात आइल आंधी-पानी में जिला में दू लोगन की जान चल गइल। बतावल जा रहल बा चक्रवाती तूफान रहे। जगह-जगह पोल आ तार टूटे से बिजली व्यवस्था ध्वस्त हो गइल बा। पार्किंग में खड़ा वाहन क्षतिग्रस्त हो गइले। छतन पs लागल सोलर पैनलो उड़ गइल बा।

जिला में रात साढ़े 11 बजे अचानक मौसम के मिजाज बदलल। पहिले धूल भरल आंधी चलल, एकरा बाद तेज आंधी के साथे बरखा शुरू हो गइल। सिविल लाइंस थाना क्षेत्र के गांव सोवरनपुर में किसान सूरजपाल के घर के दीवार गिर गइल। जवना में दबके उनकर मृत्यु हो गइल। एकरा अलावा बिल्सी के सिद्धपुर चित्रसेन गांव में आंधी में टीनशेड उड़कर अमर सिंह के ऊपर गिर गइल। वह गंभीर रूप से घायल हो गइले, परिवार के लोग निजी अस्पताल लेके पहुंचल जहां उनकर मृत्यु हो गइल।

चक्रवाती तूफान के असर बिल्सी आ दहगवां क्षेत्र में अधिक रहल। बिल्सी में पार्किंग में खड़ा दर्जनन के संख्या में वाहन क्षतिग्रस्त हो गइले। लोगन के घरन पs लगावल गइल सोलर पैनलो उड़ गइल। जगह जगह तार टूटला, पोल गिरला से बिजली ठप हो गइल बा। बिजली विभाग के टीम रातहीं से पोल आ तार ठीक करे में जुट गइल बिया, शहर के आपूर्ति तऽ राते में बहाल हो गइल, बाकिर ग्रामीण क्षेत्रन में अबहियो बिजली व्यवस्था सुचारू नहीं हो सकल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.