[the_ad_group id="30365"]

Bihar Transfer News: नीतीश सरकार के नया फरमान, कर्मचारियन के तबादला के लेके दे देले ई आदेश

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कवनो राजस्व कर्मचारी पांच बरिस से बेसी समय से एगो अंचल में तैनात बाड़े तऽ उनकर तबादला निश्चित रूप से दूसरका अंचल में कइल जाव। शहरी क्षेत्रन में दू बरिस से ज्यादा समय से तैनात राजस्व कर्मचारियन के ग्रामीण अंचलन में तैनात करे के आदेश दिहल गइल बा। नगर पालिका नगर परिषद आ नगर पंचायतन के शहरी क्षेत्र मानल गइल।

एकही स्थान पs लंबा समय से पदस्थापित राजस्व कर्मचारियन के अनिवार्य तबादला होई। राजस्व आ भूमि सुधार विभाग के अपर मुख्य सचिव दीपक कुमार सिंह सोमार के ई आदेश देले।

उऽ जिलाधिकारियन के लिखल पत्र में कहले कि उऽ आपन निगरानी में एह आदेश के लागू करस। पत्र में कहल गइल बा कि कवनो राजस्व कर्मचारी पांच बरिस से बेसी समय से एगो अंचल में तैनात बाड़े तऽ उनकर तबादला निश्चित रूप से दूसरका अंचल में कइल जाव।

शहरी क्षेत्रन में दू बरिस से जादा समय से तैनात…

शहरी क्षेत्रन में दू बरिस से जादे समय से तैनात राजस्व कर्मचारियन के ग्रामीण अंचलन में तैनात करे के आदेश दिहल गइल बा। नगर पालिका, नगर परिषद आ नगर पंचायतन के शहरी क्षेत्र माना गइल बा। पत्र में कहल गइल बा कि जिलाधिकारी एह आदेश के शत प्रतिशत लागू करस।

शारीरिक रूप से अशक्त कर्मचारियन के एमें तनि राहत दिहल गइल बा। अइसे में कर्मियन के एगो हलका से दूसरका हलका में तबादला करे के विकल्प दिहल गइल बा। प्रशासनिक आधार पs तबादला में पांच बरिस के सीमा शिथिल कर दिहल गइल बा।

एह मामला में पांच साल से कम अवधि वाला राजस्व कर्मचारियन के तबादला कइल जाई। हालांकि तीन साल पहिलहू राजस्व कर्मचारियन के तबादला के आदेश दिहल गइल बा। बाकिर , प्रक्रिया पूरा होखे के बाद ओकरा के स्थगित कर दिहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]