[the_ad_group id="30365"]

सरकारी नौकरी : भारतीय मानक ब्यूरो में 337 पद पर निकलल भर्ती

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बीआईएस ग्रुप ए, ग्रुप बी अउर ग्रुप सी में कुल 337 पद पर भर्ती खातिर विज्ञापन जारी कइले बा। ब्यूरो के ओर से जारी विज्ञापन (सं.02/2022) के अनुसार, ग्रुप सी में स्टेनोग्राफर, सीनियर सेक्रेटेरिएट असिस्टेंट, जूनियर सेक्रेटेरिएट असिस्टेंट, हॉर्टिकल्चर सुपरवाइजर, टेक्निकल असिस्टेंट (लैब), कारपेंटर, वेल्डर, प्लंबर, फिटर, टर्नर अउर इलेक्ट्रशियन के पदों पर भर्ती होखे के बा। उहवें, ग्रुप बी पर्सनल असिस्टेंट, असिस्टेंट सेक्शन ऑफिसर अउर असिस्टेंट के पद बा। ग्रुप ए पद में असिस्टेंट डायरेक्टर अउर डायरेक्टर के पद बा।

पद के संख्या : 337

महत्वपूर्ण तारीख

आवेदन के शुरुआती तारीख : 19 अप्रैल 2022

आवेदन के आखिरी तारीख : 9 मई 2022

आवेदन प्रक्रिया

बीआईएस के ओर से विज्ञापित ग्रुप ए, ग्रुप बी अउर ग्रुप सी पदों खातिर आवेदन करे वाले उम्मीदवार भारतीय मानक ब्यूरो के ऑफिशियल वेबसाइट, bis.gov.in पर उपलब्ध करावल गइल ऑनलाइन अप्लीकेशन फॉर्म के माध्यम से आवेदन कs सकेने।

बीआईएस के ओर से आवेदन प्रक्रिया 19 अप्रैल के शुरू कइले के संगही पूरा नोटिफिकेशन जारी कइल जाई। जेकरे माध्यम से उम्मीदवार योग्यता के साथ-साथ चयन प्रक्रिया अउर अन्य डिटेल्स देख सकेने।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]