Battery Tips: राउर एह आदतन से स्मार्टफोन के बैटरी होला खराब, आग तक लाग सकेला

Anurag Ranjan
स्मार्टफोन के बैटरी खराब होखे से बचावे खातिर टिप्स
- Sponsored Ads-

स्मार्टफोन आज हमनी के जिनगी के अहम हिस्सा बन गइल, बाकिर एकर बैटरी के समस्या अक्सर परेसानी के कारण बनेला। बैटरी के खराब परफॉर्मेंस भा जल्दी खराब होखे के पीछे कइयन गो कारण हो सकत बा, जेमे हमनी के उपयोग के आदत आ तकनीकी सीमा सामिल बा। ई समझल जरूरी बा कि बैटरी खराब काहे होला, ताकि सही देखभाल से एकरा के लमहर समय तक उपयोग में ले आवल जा सके। आईं जानल जावs एकर मुख्य कारण।

बैटरी के गरम होखल

बैटरी के जादे गरमी में रखला से ओकर प्रेशर बढ़ सकत बा आ ओकर अमिर कम हो सकत बा। ई एतना खतरनाक बा कि एकरा वजह से बैटरी में आग तक लाग सकत बा। ओहिजा फास्ट चार्जिंग के दौरान बैटरी जादे गरम हो जाला, जवना से ओकर उमिर कम हो सकत बा।

- Sponsored Ads-

हद से जादे चार्जिंग

फोन के जादे समय तक चार्ज कइला से ओकरा बैटरी पs प्रेशर पड़ेला। एहिसे बैटरी चार्ज होखला के बाद चार्जर के निकाल देवल बेहतर होला। एक्सपर्ट बैटरी के 100 फीसदी करे के जगे 95 फीसदी तक चार्ज करे के सलाह दिहल जाला। ओहिजा, बैटरी के बार-बार चार्ज करे से बचे के चाहीं।

एह चैनल पs एक बेर जरूर विजिट करीं: खबर भोजपुरी

चार्जर के चुनाव

फोन के जल्दी चार्ज करे खातिर अक्सर हमनी के जादे वॉल्ट के चार्जर के उपयोग करे के सोचेनी। बाकिर इहो बहुते खतरनाक हो सकत बा। एसे बैटरी पs दबाव पड़ेला आ ई नुकसान पहुंचा सकत बा। एहिसे विशिष्ट फोन खातिर डिजाइन कइल गइल चार्जर के उपयोग करीं।

बैटरी ना औराए तक इस्तेमाल आ ढ़ेर सारा एप्स के इस्तेमाल

बैटरी पूरा तरे से ओराए तक चलवला से ओकर उमिर कम हो सकत बा। बेहतर होला कि रउआ बैटरी के 20-80% के बीच रखीं। बैटरी जादे एप्स चलावे से जल्दी खत्म हो सकत बा, खास कs के जब एप्स बैकग्राउंड में चलत रहेला। दरअसल, जरूरत से जादे एप के इस्तेमाल स्मार्टफोन पs जादे परफॉर्मेंस के दबाव बनावेल, जवन बैटरी लाइफ के कम करेला। अइसन में जरूरत ना होखला पs बैकग्राउंड एप्स के बंद कs सकत बानी।

फोन के बरफ में रखल

फोन जादे हीट होखला पs कइयन बेर हमनी के दिमाग में एकरा के बरफ में रखे भा फ्रिज में रखे के ख्याल आवेला। बाकिर ई फोन के बैटरी के नुकसान पहुंच सकत बा।

इहो पढ़ीं: 09 दिसंबर 2024 के राशिफल

- Sponsored Ads-

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव [email protected] पs मेल करीं।