Ratan Tata: टाटा ग्रुप के चेयरमैन रतन टाटा के हालत नाजुक, मुंबई के अस्पताल में भरती 

Ratan Tata - फोटो : Social Media

Share

Ratan Tata: भारत के सबसे बड़ समूह टाटा संस के मानद चेयरमैन रतन टाटा के तबीयत एक बेर फेर गंभीर हो गइल बा। जानकारी के मोताबिक उनका के मुम्बई के एगो अस्पताल में भरती करावल गइल बा। ओहिजा, एकरा दु दिन (7 अक्तूबर) पहिलहूं उनका स्वास्थ्य बिगड़ला के सूचना समाचार चैनल में प्रसारित भइल रहे। हालांकि, एह ममिला में उनका ऑफिशियल एक्स (पहिले ट्विटर) पs पोस्ट के माध्यम अपना स्वास्थ्य के जानकारी देलें कि, ऊ स्वस्थ बाड़ें।

रतन टाटा सोशल मीडिया पs कइले रहलें खंडन

ऊ खुद एह दावन के खंडन कइलें आ अपना आईसीयू में भर्ती होखे के दावन के अफवाह करार देले रहस। एह दौरान ऊ सोशल मीडिया पोस्ट में लिखलें- हम अपना स्वास्थ्य के बारे में हाले में फइल रहल अफवाहन से अवगत बानी। हम सभे के आश्वस्त कइल चाहत बानी कि ई दावा निराधार बा। हम फिलहाल अपना उमिर आ सेहत संबंधी जरूरी चिकित्सा जांच करवा रहल बानी। चिंता के कवनो बात नइखे। हम अच्छा महसूस कs रहल बानी। रउआ अनुरोध करत बानी कि जनता आ मीडिया गलत सूचना फइलावे से बचीं।’

रतन टाटा के बारे में जानीं

रतन नवल टाटा, एगो भारतीय व्यापारी, निवेशक, दानवीर आ टाटा संस के पूर्व अध्यक्ष बाड़ें। ऊ टाटा समूह के अध्यक्ष रह चुकल बाड़ें। ऊ भारत के दुगो सर्वोच्च नागरिक पुरस्कार पद्म विभूषण (2008) आ पद्म भूषण (2000) से सम्मानित कइल जा चुकल बा। ऊ प्रतिष्ठित कैथेड्रल आ जॉन कानोन स्कूल, बिशप कॉटन स्कूल (शिमला), कॉर्नेल यूनिवर्सिटी आ हार्वर्ड के पूर्व छात्र हवे।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-