09 मार्च 2022 के राशिफल

Share

दिनांक- 09/03/2022
श्री गणेशाय नमः 

आज के पंचांग

फागुन मास शुक्ल पक्ष

तिथि- सप्तमी

रात के 02 बजके 27 मिनट ले,

ओकरा बाद अष्टमी ।

दिन-बुध।

कृतिका नक्षत्र

भोर के 08 बजके 35 मिनट ले,

ओकरा बाद रोहिणी नक्षत्र।

विष्कुम्भ जोग

रात के 01 बजके 11 मिनट ले,

ओकरा बाद प्रीति जोग।

गर करण।

सर्वार्थ सिद्धि जोग।

 

काल्ह के पंचांग 

दिनांक-10/03/2022

फागुन मास शुक्ल पक्ष

तिथि-अष्टमी

रात के 04 बजके 31 मिनट ले।

दिन-बियफे।

रोहिणी नक्षत्र

दिन में  11 बजके 00 मिनट ले।

प्रीति जोग

रात के 01 बजके 41 मिनट ले।

भद्र करण।

होलाष्टकारम्भ:,।

 

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। दोसरा से सहजोग लेला से सफलता मिली। नाया संबंध बनी। स्वास्थ के लेके धेयान देवे के होई। जीविका के क्षेत्र में डेग आगा बढ़ी।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

बाबूजी के सहजोग मिली। रिस्तन में सुधार होई। पारिवारिक जिनगी सुख से भरल होई। बेवसायिक प्रतिष्ठा बढ़ी। कइल गइल मेहनत सफल होई।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

शासन सत्ता के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होखला से आत्म विस्वास बढ़ी। जीविका के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। बेकार के भाग-दउर रही। रचना के काम में सफलता मिली।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

शिक्षा प्रतियोगिता के क्षेत्र में कइल-गइल मेहनत सफल होई। बेवसायिक कोसिस सफल होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

राजनैतिक चाह पूरा होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। शासन सत्ता के सहजोग मिली। नाया संबंध बनी।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

बेवसायिक ममिला आगा बढ़ी। आर्थिक पक्ष मजबूत होई। घर के जरूरी सामान बढ़ी। जीवन साथी के सहजोग मिली।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। आर्थिक पक्ष मजबूत होई। शिक्षा के क्षेत्र में कइल गइल कोसिस सफल होई। रचना के काम में सफलता मिली।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

ससुरार पक्ष से सहजोग मिली। बहुत उमेद काम के पूरा होखला से आत्म विस्वास बढ़ी। पारिवारिक जिनगी सुख से भरल होई। बेवसायिक प्रतिष्ठा बढ़ी। जीवन साथी के सहजोग मिली।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

स्वास्थ के लेके धेयान रखला के जरूरत बा। बेकार के भाग-दउर रही। आर्थिक ममिला में जोखिम मत उठाई। कइल-गइल मेहनत सफल होई।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

उपहार भा सम्मान बढ़ी। जीवन साथी के सहजोग मिली। संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। कइल-गइल मेहनत सफल होई।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

घर के जरूरी सामान बढ़ी। जीवन साथी के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होखला से आत्म विस्वास बढ़ी। संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। चोट लागे के संभावना बा, सावधानी बरती।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

कइल गइल मेहनत सफल होई। राजनैतिक चाहत पूरा होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होखला से आत्म विस्वास बढ़ी।स्वास्थ के लेके धेयान राखीं।

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-