Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

08 मार्च 2022 के राशिफल

299

दिनांक- 08/03/2022
श्री गणेशाय नमः 

आज के पंचांग

फागुन मास शुक्ल पक्ष

तिथि-षष्ठि

रात के 12 बजके 37 मिनट ले,

ओकरा बाद सप्तमी।

दिन-मंगर।

भरणी नक्षत्र

भोर के 06 बजके 26 मिनट ले,

ओकरा बाद कृतिका नक्षत्र।

वैधृति जोग

रात के 12 बजके 51 मिनट ले,

ओकरा बाद विष्कुम्भ जोग।

गर करण।

 

काल्ह के पंचांग 

दिनांक-09/03/2022

फागुन मास शुक्ल पक्ष

तिथि-सप्तमी।

रात के 02 बजके 35 मिनट ले।

दिन-बुध।

कृतिका नक्षत्र

भोरे के 08 बजके 35 मिनट ले।

विष्कुम्भ जोग

रात के 01 बजके 11 मिनट ले।

गर करण।

सर्वार्थ सिद्धि  जोग।

समस्त

 

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

मानसिक तनाव बन सकेला, बेकार के उलझन रही। अकेला में नइखे रहे के। उलझन में पड़ल रउआ ला घातक हो सकेला। स्वास्थ के लेके धेयान देवे के होई।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

शासन सत्ता के सहजोग मिली। बहुते उमेद के काम पूरा होखला से आत्म विस्वास बढ़ी। शिक्षा के क्षेत्र में डेग आगा बढ़ी।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

बेवसायिक प्रतिष्ठा बढ़ी। जीवन साथी के सहजोग मिली। संतान के जिम्मेवारी पूरा होई।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आर्थिक पक्ष मजबूत होई। बेवसायिक पक्ष मजबूत होई। माई-बाप के सहजोग मिली। संतान के जिम्मेवारी पूरा होई।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

राजनैतिक चाह पूरा होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होखला से आत्म विस्वास बढ़ी। रचना के काम में सफलता मिली।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

धीर राखीं, मानसिक तनाव बन सकेला। भाग-दउर रही। शिक्षा प्रतियोगिता के क्षेत्र में डेग आगा बढ़ी। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। जीविका के क्षेत्र में बढ़न्ती होई।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आर्थिक ममिला में जोखिम मत उठाई। दामपत्य जिनगी सुख से भरल रही। बेवसायिक प्रतिष्ठा बढ़ी। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

परिवार के काम में बाझल रह सकेनी। चल भा अचल संपत्ति बढ़ी। रचना के काम में सफलता मिली।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

उपहार भा सम्मान बढ़ी। जीवन साथी के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होखला से आत्म विस्वास बढ़ी। कवनो दुख आला खबर मिल सकेला।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

पारिवारिक सुख आउर बढ़ी। जीवन साथी के सहजोग मिली। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। कइल गइल मेहनत सफल रही।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

पारिवारिक प्रतिष्ठा बढ़ी। वेक्ति विषेस से सहजोग मिली। पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई। निजी सुख में बाधा पनप सकेला।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

शिक्षा प्रतियोगिता के क्षेत्र में फायदा होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। आर्थिक पक्ष मजबूत होई। बेवसायिक प्रतिष्ठा बढ़ी। जीवन साथी के सहजोग मिली।

 

225430cookie-check08 मार्च 2022 के राशिफल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.