[the_ad_group id="30365"]

10 मार्च 2022 के राशिफल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिनांक- 10/03/2022
श्री गणेशाय नमः 

आज के पंचांग

फागुन मास शुक्ल पक्ष

तिथि- अष्टमी

रात के 04 बजके 31 मिनट ले,

ओकरा बाद नवमी।

दिन-बियफे।

रोहिणी नक्षत्र

दिन के 11 बजके 00 मिनट ले,

ओकरा बाद मृगशिरा।

प्रीति जोग

रात के 01 बजके 41 मिनट ले,

ओकरा बाद आयुष्मान जोग।

भद्र करण।

होलाष्टकारम्भ:,।

 

काल्ह के पंचांग 

दिनांक-11/03/2022

फागुन मास शुक्ल पक्ष

तिथि-नवमी

60/00/घटी।

दिन-सुक।

मृगशीरा नक्षत्र

दिन में  01 बजके 38 मिनट ले।

आयुष्मान जोग।

वालव करण।

 

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज के दिन उत्साह से भरल रही। दोसरा के नृतेत्व देवे के इक्षा रही। कवनो काम के पूरा होखला से आत्म विस्वास बढ़ी।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज के दिन खुसियन से भरल रही। रउआ कइयन गो मवका मिली। वरिष्ठ लोगन के सहजोग मिली। आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। पारिवारिक जिनगी सुख से भरल रही। रउआ निमन स्वास्थ के आनंद ले सकेनी।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज के दिन महत्व आला रही। कवनो काम के सिलसिला में चल रहल कोसिस सफल रही। परिवार के सदस्य लो के संगे बेसी समे बीती। कपड़ा के बेयपारी लो खातिर उत्तम दिन रही।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज रउआ सांत आ तनाव मुक्त रहल बहुते फायदा करी। बेवसायिक प्रतिष्ठा बढ़ी। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। जीविका के क्षेत्र में कइल गइल कोसिस सफल रही।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

बेवसायिक जतरा हो सकेला। राउर संतुष्टि बढ़ी। धन यश आ किर्ति आउर बढ़ी। जीवन साथी के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होखला से आत्म विस्वास बढ़ी।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज के दिन खास रही। काम का क्षेत्र में डेग आगा बढ़ी। साँझ के बेरा रउआ कवनो संघतिया किहा जा सकेनी। तनाव मुक्त महसूस करेम। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज रउआ बहुते मेहनत करे के जरूरत बा। बेवसाय में लाभ होई। नाया काम के योजना बनी। लईकन के स्वास्थ के लेके विसेस धेयान दीं।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

बेवसायिक ममिला आगा बढ़ी। सोना के बेयपारी लोग ला आज के दिन खास रही। ग्राहकन के संगे निमन संबंध बनी। शिक्षा के क्षेत्र में डेग आगा बढ़ी। स्वास्थ उत्तम रही।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज के दिन खुसियन से भरल रही। जीवन साथी के सहजोग मिली। मानसिक तनाव दूर होई। बेवसायिक पक्ष मजबूत होई। शिक्षा के क्षेत्र में आ आर्थिक ममिला में डेग आगा बढ़ी।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज के दिन महत्वपूर्ण रही। राउर आमदनी बढ़ी। संतान आ जीवन साथी से सुख मिली। कुँवार लोगन के बियाह के जोग बन रहल बा।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज के दिन रउआ बहुते व्यस्त रहेम। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। जीविका के क्षेत्र में प्रगति होई। शिक्षा प्रतियोगिता के क्षेत्र में प्रगति होई। रउआ खुद के संगठित राखेम आ साहस के संगे सामना करेम।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज के दिन खास रही। अचके धन लाभ के जोग बन रहल बा। कवनो संघतिया के रउआ किहा आगमन होई, जवना से रउआ प्रभावित रहेम। नाया काम के योजना बनी।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]